टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सीतापुर में BJP नेता के गाड़ी कांवड़ियन के रौंदलस, एगो लईकी के मउत, तीन गो घायल

09:33 AM Aug 05, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

उत्तर प्रदेश के सीतापुर में भारतीय जनता पार्टी के एगो नेता के गाड़ी कांवरिया के कुचल दिहलस। एह हादसा में एगो लइकी के मउत हो गइल बा. एकरा संगे तीन कांवरिया घायल हो चुकल बाड़े। दुर्घटना के शिकार सभ कांवरिया नाबालिग रहले। घाही लोग के लखनऊ ट्रॉमा सेंटर रेफर कs दिहल गईल बा। दुर्घटना के बाद देर रात कांवरिया सड़क पs हंगामा मचवले। चार थाना के पुलिस स्थिति पs काबू पावे खातीर मौका पs पहुंचल।

Advertisement

नेता के गाड़ी से रौंदल कांवड़ियन सब महमूदाबाद से भगौली बाराबंकी में जलाभिषेक करे जात रहले। महमूदाबाद कोतवाली के जरायपुर के समीप तेज रफ्तार गाड़ी कांवरिया के कुचल दिहलस। जवना में चार किशोर कांवरिया गंभीर रूप से घायल हो गईले। तुरंत सभके स्वास्थ्य केंद्र ले जाइल गईल, जहां डॉक्टर नेहा नाम के किशोरी के मृत घोषित कs देले जबकि अरुण (14 साल), रजनी (12 साल) अवुरी सजनी (16 साल) के गंभीर हालत में लखनऊ ट्रॉमा सेंटर रेफर कs दिहल गईल। दू गो किशोर लड़िकन के हालत गंभीर बनल बा.

दुर्घटना में किशोरी कवडिया नेहा के मउत के बाद साथी कवडिया में नाराजगी मच गईल। कांवरिया लोग नेहा के लाश लेके सड़क पs आके हंगामा मचावे लगले। एकरा बारे में जानकारी मिलते स्थानीय पुलिस मौका पs पहुंच के मामिला के शांत करे के कोशिश कईलस। कांवड़ियन के बढ़त हंगामा देख के कोतवाली पुलिस समेत चार थाना के पुलिस भी मौका पs पहुंच गईल। बाराबंकी जिला के भगौली में शिव मंदिर के जलाभिषेक करे खातिर सब कांवरिया महमूदाबाद से जात रहले।

 

Tags :
accidentBjpCrime NewsKanwarKanwar YatraSitapurSitapur News
Advertisement
Next Article