For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बीजेपी विधायक के भतीजा के दिनदहाड़े हत्या : दुगो अपराधियन के पकड़ लोग पुलिस के हवाले कइल 

09:59 AM Mar 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बीजेपी विधायक के भतीजा के दिनदहाड़े हत्या   दुगो अपराधियन के पकड़ लोग पुलिस के हवाले कइल 
Advertisement

कटिहार में कोढ़ा से भाजपा विधायक कविता पासवान के भतीजा नीरज पासवान (35) के हत्या हो गइल बा। बुध के सबेरे दुगो बदमाश नीरज ले घर से कुछ दूरी पs गोली मार देले सs। एह ममिला में लोग दुगो बदमाशन के खदेड़ के पकड़ लिहल आ पुलिस के हवाले कs दिहल।

Advertisement

गोली लगला के बाद इलाज खातिर नीरज के आनन-फानन में कटिहार मेडिकल अस्पताल ले आवल गइल। जहां डॉक्टर जांच के बाद ओकरा के मृत घोषित कs दिहल लो। घटना संग्राम चौक के लगे भइल।

बतावल जा रहल बा कि नीरज पासवान कटिहार के पूर्व मेयर शिवराज पासवान उर्फ शिव पासवान के हत्या में नामजद रहे।

Tags :
Advertisement