For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

भाजपा सांसद आ पूर्व केंद्रीय मंत्री वी. श्रीनिवास के निधन 

12:12 PM Apr 29, 2024 IST | Minee Upadhyay
भाजपा सांसद आ पूर्व केंद्रीय मंत्री वी  श्रीनिवास के निधन 
Advertisement

Advertisement

लोकसभा चुनाव के बीच कर्नाटक के चामराजनगर से भाजपा सांसद अवुरी केंद्रीय मंत्री रहल वी. श्रीनिवास प्रसाद के निधन हो गईल बा। उनुकर इलाज एगो निजी अस्पताल में होखत रहे, जहां उनुका के पछिला कई दिन से आईसीयू यानी इंटेंसिव केयर यूनिट में भर्ती करावल गईल रहे। सांसद के उमिर 76 साल रहे। उनुका निधन के चलते पार्टी अवुरी ओ इलाका में शोक के लहर बा। उनुका आवास पs नेता से लेके मजदूर अवुरी बाकी लोग के भीड़ देखाई देता।वी. श्रीनिवास प्रसाद अपना पीछे पत्नी अवुरी तीन बेटी छोड़ गईल बाड़े।

कर्नाटक के चामराजनगर से छह बेर सांसद रहले। श्रीनिवास प्रसाद पिछला कुछ महीना से ठीक ना रहले। उनुकर अस्वस्थता रहे। एकरा के देखत उs एक महीना पहिले यानी 18 मार्च के राजनीति से संन्यास लेवे के घोषणा कईले रहले।वी. श्रीनिवास प्रसाद कर्नाटक के मैसूर जिला के नंजनगुड विधानसभा क्षेत्र से भी दू बेर विधायक रहल बाड़े उs लगभग 50 साल राजनीति में बितवले रहले।

वी. श्रीनिवास प्रसाद आपन राजनीति के शुरुआत जनता पार्टी से कइले रहले। उs 1976 में एs पार्टी में शामिल भईले। एकरा बाद उs 1979 में कांग्रेस में शामिल भईले। हालांकि तब उs भाजपा में शामिल हो गईले। वी. श्रीनिवास प्रसाद 1999 से 2004 ले अटल बिहारी वाजपेयी सरकार में उपभोक्ता मामिला, खाद्य आ लोक वितरण के केंद्रीय राज्य मंत्री के रूप में काम कइले। बाद में उ फेर कांग्रेस में शामिल हो गईले। 2013 में विधायक चुनल गइल आ सिद्धारमैया सरकार में राजस्व आ धार्मिक बंदोबस्ती मंत्री बनले। एकरा बाद 2016 में भाजपा में शामिल भईले। एह तरह से उs अपना पार्टी के कई बेर बदल देले रहले,भाजपा में शामिल भईला के बाद साल 2019 में चामराजनगर से लोकसभा चुनाव लड़ले रहले, जवना में उs सफल भईले। फिलहाल उs एs सीट से सांसद बाड़े।

Tags :
Advertisement