For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सेवा सदन नेत्रहीन विद्यालयन के लईकन के बीच भइल कंबल के वितरण

11:46 AM Jan 03, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
सेवा सदन नेत्रहीन विद्यालयन के लईकन के बीच भइल कंबल के वितरण
Advertisement

छपरा। शहर के भिखारी ठाकुर चौक इस्थित सेवा सदन नेत्रहीन विद्यालयन के लईकन के बीच मंगर के ठंड से बचाव खातिर कंबल के वितरण कइल गइल।

Advertisement

कायस्थ समाज के ओर से गठित सामाजिक संस्था कावर से अपना सामाजिक दायित्व के निर्वहन करत नेत्रहीन विद्यालय के सब लईकन के कंबल दिहल गइल। एह दौरान कायस्थ परिवार के प्रिंस राज कहलें कि असहाय लईकन आ लोगन के बीच उनका खातिर कुछ कs के जवन आत्म संतुष्टि मिलेला, ओइसन संतुष्टि कवनो आउर काम में ना मिलेला।

ऊ कहलें कि जब तक अइसन लोगन के सेवा आ सहायता ना कइल जाई, तब ले सही मायनन में समाज के विकसित नइखे कइल जा सकत। ऊ कहलें कि जहां कहीं नेत्रहीन विद्यालय भा आउर विकलांग विद्यालय बा। उहवां जाके मदद करे के प्रयास बा।

Tags :
Advertisement