For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

10th 12th Board Exam 2024: CBSE बोर्ड परीक्षा के तारीखन में भइल बड़ बदलाव, जानीं कइसे डाउनलोड होई संशोधित डेट शीट

12:18 PM Jan 05, 2024 IST | Minee Upadhyay
10th 12th board exam 2024  cbse बोर्ड परीक्षा के तारीखन में भइल बड़ बदलाव  जानीं कइसे डाउनलोड होई संशोधित डेट शीट
Advertisement

Advertisement

CBSE Board Exam 2024 Date sheet : सीबीएसई बोर्ड परीक्षा के डेट सीट में बदलाव के लेके खबर आ रहल बा। केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड सीबीएसई बोर्ड परीक्षा 2024 के डेटशीट में संशोधन कईले बा। संशोधित समय सारिणी के मुताबिक बोर्ड कुछ पेपर के परीक्षा के तारीख में बदलाव कईले बिया। ई बदलाव सीबीएसई बोर्ड कक्षा दसवीं आ सीबीएसई बोर्ड कक्षा बारहवीं दुनु में कइल गइल बा।

जानीं बदलाव के बारे में

सीबीएसई क्लास 10 तिब्बती पेपर जवन 4 मार्च 2024 के होखे वाला रहे ओकरा में बदलाव कइल गइल बा आ अब 23 फरवरी 2024 के आयोजित कइल जाई। जबकि दसवीं कक्षा के कुछ पेपर जवन 16 फरवरी के होखे वाला रहे। अब 28 फरवरी 2024 के लिहल जाई। 11 मार्च के होखे वाला सीबीएसई क्लास 12 फैशन स्टडीज पेपर के तारीख बदल दिहल गइल बा। अब फैशन स्टडीज के पेपर 21 मार्च 2024 के होई।

बोर्ड के परीक्षा 15 फरवरी से सुरू हो जाई

दसवीं आ बारहवीं कक्षा के सीबीएसई बोर्ड के परीक्षा 15 फरवरी से सुरू हो रहल बा। सीबीएसई कक्षा के दसवीं बोर्ड परीक्षा 15 फरवरी से सुरू होखी आ 13 मार्च 2024 ले चली। जबकि सीबीएसई कक्षा 12वीं के बोर्ड परीक्षा 15 फरवरी से सुरू होई अवुरी 2 अप्रैल ले चली। सीबीएसई कक्षा दसवीं आ बारहवीं के दुनु बोर्ड परीक्षा एके पाली में करावल जाई। बोर्ड के परीक्षा सबेरे साढ़े दस बजे से दुपहरिया साढ़े डेढ़ बजे ले चली।

संशोधित डेटशीट के अईसे जांच करीं

- सीबीएसई cbse.gov.in के आधिकारिक वेबसाइट पs जाईं।

- एकरा बाद मुख्य वेबसाइट पs क्लिक करीं।

- होम पेज पs नवीनतम @ सीबीएसई Circular - Date-Sheet for Class X & XII (233 KB) | Date-Sheet Class-X-(Revised) (3.17 MB) | Date-Sheet Class-XII-(Revised) पीडीएफ लिंक पs क्लिक करीं।

Tags :
Advertisement