For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

खेल मैदान में फेंड से लटकल मिलल जुवक के शव : सांझ में घर से निकलला के बाद से रहे लापता, हत्या-आत्महत्या दुनो बिंदुअन पs जांच

10:59 AM Jan 05, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
खेल मैदान में फेंड से लटकल मिलल जुवक के शव   सांझ में घर से निकलला के बाद से रहे लापता  हत्या आत्महत्या दुनो बिंदुअन पs जांच
Advertisement

छपरा के परसा में सुक के सबेरे एगो जुवक के शव खेल मैदान में मिलल। शव पेड़ से रस्सी के सहारे लटकल रहे। देखते देखत ग्रामीणन के भीड़ जुट गइल। मृतक के पहचान परसा थाना क्षेत्र के मारण टोले खोरोडीह निवासी संदीप कुमार (22) पिता भगीरथ सिंह के रूप में कइल गइल बा।

Advertisement

स्थानीय लोग पुलिस के सूचना देलस। जवना के बाद घटनास्थल पs पहुंचल पुलिस शव के कब्जा में लेके जांच-पड़ताल में जुट गइल बिया। ऊ बीतल बियफे सांझ से लापता रहे। सुक के सबेरे शव बरामद भइल बा।

जरूरी काम से निकलल रहे

संदीप के छोट भाई बतवलस कि ऊ बियफे के अपना घर पs अकेले रहस। बाबूजी कलकत्ता में नौकरी करत रहस। माई कवनो जरूरी काम के लेके ननिहाल गइल रहली। जरूरी काम बोलके संदीप बियफे के सांझ घर से निकलल रहे। देर सांझ तक वापस नइखे आवे पs खोजबीन सुरू कइल गइल रहे। बाकिर ऊ ना मिलल रहे। सुक के सबेरे ओकर लाश मिलल।

परसा थानाध्यक्ष कहलें कि थाना क्षेत्र के परसा खेल मैदान से एगो जुवक के शव फेंड से लटकत बरामद कइल गइल बा। सूचना मिलतही पुलिस घटनास्थल पs पहुंचल। शव के कब्जा में लेके पोस्टमॉर्टम खातिर भेज दिहल गइल। परिजनन से अब कवनो आवेदन प्राप्त नइखे भइल। पुलिस हत्या आ आत्महत्या के बिंदुअन पs जांच कs रहल बिया।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Advertisement