बॉलीवुड एक्टर राजपाल यादव के पिता के निधन, कुंडरा गांव में 25 जनवरी के होई अंतिम संस्कार
बॉलीवुड अभिनेता राजपाल यादव के पिता नौरंग यादव के निधन हो गइल बा. उs 75 साल के रहले अवुरी पछिला कुछ दिन से गंभीर रूप से बेमार रहले। दिल्ली के एगो अस्पताल में उनुकर इलाज चलत रहे, जहां शुक के उs अंतिम सांस लिहले। अभिनेता के बड़ भाई श्रीपाल यादव के मुताबिक नौरंग यादव के अंतिम संस्कार 25 जनवरी के सबेरे करीब 11 बजे बंडा जिला के उनुका पैतृक गांव कुंडरा में कईल जाई।
राजपाल यादव के परिवार मूल रूप से बंडा के कुंडरा गांव के हs। इहाँ रहेवाला नौरंग यादव के अपना जीवन में बहुत कठिनाई के सामना करे के पड़ल, बाकिर परिवार के देखभाल में कबहूँ कवनो कमी ना छोड़ले। अभिनेता राजपाल यादव बॉलीवुड में आपन अनोखा पहचान बनवले बाड़े अवुरी एs सफर में उनुका पिता के योगदान बहुत महत्वपूर्ण रहल बा।
जिला के जनता राजपाल यादव के पिता के निधन पs शोक मना रहल बाड़े। एह दुखद समय में एह अभिनेता के एगो पुरान इमोशनल पोस्ट सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा जवना में ऊ अपना पिता के साथे लउकत बाड़न. एह पोस्ट में उs लिखले कि, "हमार बाबूजी हमरा जीवन के सबसे बड़ प्रेरक शक्ति रहल बाड़े। जदी आप हमरा पs विश्वास ना कईले रहती तs हम आज जहां बानी, उहाँ ना पहुंचती। आपके बाबूजी होखे खातीर धन्यवाद, हम आपके बहुत प्यार करेनी।"
राजपाल यादव के अपना गाँव से गहिराह लगाव रहे आ हमेशा अपना पैतृक गाँव कुंडरा में धार्मिक आ सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन करत रहले. परब-त्योहार पs ऊ अपना गाँव लवटत रहले आ ओहिजा के लोग से अपना के जुड़ल महसूस करत रहले. उनकर पिता के संघर्ष भी उनकर जीवन के एगो महत्वपूर्ण हिस्सा रहे, जवन उनका के अपना परिवार के भलाई खातिर प्रेरित करत रहे।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन