टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Border 2: 27 साल बाद फेर फौजी बनके लवट रहल बाड़ें Sunny Deol, 'बॉर्डर 2' के पहिला अनाउंसमेंट वीडियो आइल सामने

11:56 AM Jun 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

Border 2 Announcement: जेपी दत्ता के निर्देशन में बनल साल 1997 में रिलीज भइल फिल्म 'बॉर्डर' के लोगन से बहुते प्यार मिलल। एह फिल्म में सनी देओल (Sunny Deol), अक्षय खन्ना, सुनील शेट्टी आ जैकी श्रॉफ सहित कइयन स्टार्स एक संगे दिखाई देले रहे लो। पिछला काफी समय से एकरा के लेके सीक्वल के लेके चरचा हो रहल बा।

Advertisement

अइसे में आज बियफे के अभिनेता अपना फैंस के एकरा से जुड़ल अपडेट दे देले बाड़ें। सनी देओल अपना सोशल मीडिया हैंडल पs फिल्म 'बॉर्डर 2' (Border 2) के अनाउंसमेंट वीडियो शेयर कs देले बाड़ें, जवना के देखला के बाद उनकर फैंस बहुते एक्साइटेड हो गइल बा लो।

27 साल बाद आई बॉर्डर के सीक्वल

जेपी दत्ता के फिल्म बॉर्डर आजे के दिन 13 जून के, 27 साल पहिले सिनेमाघरन में रिलीज भइल रहे। अइसन में एह मूवी के 27 साल पूरा होखला पs अभिनेता अपना सोशल मीडिया हैंडल इंस्टाग्राम पs एगो वीडियो शेयर कइले बा। एह वीडियो में बैकग्राउंड में एक्टर के आवाज सुनाई दे रहल बा, जेमे ऊ कहत सुनाई दे रहल बा कि 27 साल पहिले एगो फौजी वादा कइलस कि ऊ वापस आई। ओहि वादा के पूरा करे आ हिंदुस्तान के माटी के सलाम कहे आ रहल बा फेर से।

अनुराग सिंह करिहें निर्देशन

सनी देओल अनाउंसमेंट वीडियो में 'बॉर्डर 2' के भारत के सबसे बड़ युद्ध फिल्म बतवले बाड़ें। एकरा संगही अबकी बेर फिल्म के निर्माण भूषण कुमार, कृष्ण कुमार, जेपी दत्ता आ निधि दत्ता करी लो आ एकर निर्देशन अनुराग सिंह करे वाला बाड़ें।

फैंस दिहल लो रिएक्शन

अनाउंसमेंट वीडियो देखला के बाद फैंस एह पs आपन-आपन रिएक्शन देत नजर आ रहल बा लो। एगो यूजर लिखलस कि मजा आ जाई पाजी। दूसरका यूजर लिखलस कि एकरा खातिर बहुत उत्साहित बानी। तीसरका यूजर लिखलस कि वाह, बहुते बढ़िया घोषणा बा सर जी।

Tags :
Akshay KhannaBhojpuri NewsBorderBorder 2Jackey Shroffsunil shettySunny Deol
Advertisement
Next Article