टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पिता के खून में लथपथ देख के घबरा जात रहले रोहित शेट्टी, शेयर कइले बचपन के किस्सा

09:56 AM Jan 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

फिल्म निर्माता रोहित शेट्टी अपना सुपरहिट फिलिमन से बॉलीवुड में आपन पहचान बना लिहले बाड़न। बाकिर बता दीं कि एहिजा चहुँपे खातिर ऊ शुरुआती दिन में बहुते संघर्ष कइले बाड़न जवना के जिक्र ऊ रोज कवनो ना कवनो साक्षात्कार में करत लउकत बाड़न। आजुकाल्हु रोहित शेट्टी आपन वेब सीरीज ‘इंडियन पुलिस फोर्स’ खातिर खबरन में बाड़न। सिद्धार्थ मल्होत्रा ​​आ शिल्पा शेट्टी जइसन कई गो फिल्मी स्टारन के मुख्य भूमिका वाली रोहित के एह वेब सीरीज के प्रशंसकन के सकारात्मक प्रतिक्रिया मिल रहल बा। ओने अपना वेब सीरीज ‘इंडियन पुलिस फोर्स’ के प्रचार के दौरान रोहित शेट्टी आपन पिता आ मशहूर एक्शन डायरेक्टर एमबी शेट्टी के याद करत बहुते बड़हन खुलासा कइले बाड़न।

Advertisement

एह तरे एमबी शेट्टी एक्शन डायरेक्टर बन गइलन

ताजा साक्षात्कार के दौरान रोहित शेट्टी आपन पिता एमबी शेट्टी के बारे में कहले कि - जवना तरह से हमार बाबूजी देखाई देत रहले, लेकिन भीतर से उ दिल से बहुत भावुक अवुरी नरम इंसान रहले। रोहित आगे अपना पिता के याद करत कहले कि उनुका पिता के लंबाई करीब 6 फीट 3 इंच रहे, उनुका के देखला के बाद अक्सर डेरा गईले। जब उ 13 साल के रहले तs उ कॉटन ग्रीन रेस्तरां में वेटर के काम करत रहले। मजबूत शरीर के चलते उ बॉक्सिंग शुरू कईले। जेकरा बाद निर्देशक अजीम भाई के नजर उनुका पs पड़ल आ ऊ रोहित के पिता के एक्शन करे के सलाह दिहलन आ एह तरह से एमबी शेट्टी के असली काम शुरू हो गइल। एकरा बाद निर्देशक नासिर हुसैन साहब उनुका के जब प्यार किसी से होता है फिलिम में ब्रेक दे दिहलन। एकरा बाद एमबी शेट्टी अमिताभ बच्चन के दीवार, यादों की बारात, त्रिशूल, डॉन जइसन कई गो फिलिमन में एक्शन डायरेक्टर के काम कइलन।

पिता के खून में लथपथ देख घबरा जात रहले रोहित

एही साक्षात्कार के दौरान रोहित अपना बचपन से जुड़ल एगो अवुरी हैरान करेवाला घटना के बारे में बतवले। उs बतवले कि जब भी उनुकर पिता फिल्म के शूटिंग के बाद सीधा घरे आवत रहले तs उनुका हाथ पs खून के दाग लागल रहे। इ देख के रोहित बहुत घबरा जास। रोहित बतवले कि उs अपना बाबूजी के कई बेर अयीसन खून से लथपथ देखले रहले, लेकिन एकरा बावजूद एतना चोट लागला के बावजूद उs हाथ पs पट्टी अवुरी माथा पs टांका लगा के काम पs जात रहले। आपन पिता के अईसन मेहनत करत देख के रोहित के प्रेरणा मिलल कि उs काम में शत-प्रतिशत देवे से कबहूँ ना हटस। बता दीं कि एकरा से पहिले भी रोहित कई मौका पs अपना पिता के याद करत देखल गईल बाड़े।

 

 

 

Tags :
Bollywood newsEntertainment Newsentertainment news in Bhojpurirohit shetty
Advertisement
Next Article