टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! माला सिन्हा अपने असली नाम से रहली परेशान, फिलिम में आए के बाद रखली इs नाम आ भइली हिट

07:34 AM Jun 02, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।

आजू पढ़ी माला सिन्हा अपने असली नाम से रहली परेशान. फिलिम में आए के बाद रखली इs नाम आ ओकरी बाद भइली हिट

आपकी नजरों ने समझा, प्यार के काबिल मुझे....’ ई गीत आजुओ ओल्ड इज गोल्ड सॉन्ग के लोग के सूची में जरूर होई। एह गीत के बोल के तरह एकर अभिनेत्री भी अपना सुंदरता खातिर जानल जात रहली। हम बात करत बानी हिंदी सिनेमा के दिग्गज अभिनेत्री माला सिन्हा के. माला सिन्हा ओह अभिनेत्रियन के सूची में बाड़ी जे अपना प्रोफेशनल जिनिगी से बेसी अपना निजी जिनिगी खातिर सुर्खियन में आइल बाड़ी. माला सिन्हा के असली नाम के पीछे एगो रोचक कहानी बा। आज हम रउआ सभे के बतावे जा रहल बानी कि अभिनेत्री के असली नाम के साथे उनकर जीवन से जुड़ल बहुत सारा अनसुना बात।

स्कूल में लइका नाम के लेके चिढ़ावत रहले

60 के दशक के बेहतरीन अभिनेत्री माला सिन्हा के संगीत के संगे अभिनय के शौक रहे। माला सिन्हा के अभिनय खातिर संगीत से प्रेम छोड़े के पड़ल. बता दीं कि जवना अभिनेत्री के आजु पूरा दुनिया माला सिन्हा के नाम से जानत बिया ओकर असली नाम कुछ अलगे रहे. माला सिन्हा के असली नाम आल्डा सिन्हा हs। स्कूल में लइका-लइकी उनकरा के आल्डा के जगह डाल्डा कह के चिढ़ावत रहले। एही कारण से उs आपन नाम आल्डा से बदल के माला रखली। एतने ना, जब उs फिल्म में प्रवेश कईली तs उs आपन नाम बेबी नज्मा रखली, बाकिर जब उs बड़ होके मुख्य अभिनेत्री के काम करे लगली तs उs आपन नाम बदल के माला सिन्हा कs देली। एही नाम से ऊ पूरा दुनिया में मशहूर हो गइली.

माला सिन्हा अपना करियर में बहुते सुपरहिट फिलिम दे चुकल बाड़ी. एह फिलिमन में बादशाह, हेलमेट, प्यासा, नया जमाना, एक गांव की कहानी, चंदन, फिर सुबह होगी, परवरिश, उजाला से ले के मैं नशा में हूं ले के कई गो फिलिम शामिल बाड़ी सँ. अपना करियर में धर्मेंद्र, मनोज कुमार, संजय खान, राजेश खन्ना आ अमिताभ बच्चन के साथे काम कइलें। लगभग 40 साल तक उs इंडस्ट्री में राज कईली अवुरी आजकल उs सिनेमा-गपशप से बहुत दूर बाड़े।

 

 

Tags :
actressAtwari temperingBadshahBollywood ActressChandanearly in the morningGood Morning NewsHelmetHindi FilmMala SinhaMala Sinha ActressMovienew erastory of a villagethen there will be a morningthirstyworked in films by changing her nameअतवारी छौंकएक गांव की कहानीएक्ट्रेसगुड मॉर्निंग न्यूज़चंदननया जमानानाम बदलकर किया फिल्म में कामप्यासाफिर सुबह होगीफिल्मबादशाहबॉलीवुड एक्ट्रेसमाला सिन्हामाला सिन्हा एक्ट्रेससुबह सवेरेहिंदी फिल्महेलमेट
Advertisement
Next Article