टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली-वाराणसी इंडिगो फ्लाइट में बम लिखल टिशू पेपर मिलल: 176 पैसेंजर्स के इमरजेंसी गेट से बाहर निकालल गइल

11:38 AM May 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिल्ली एयरपोर्ट पs वाराणसी जाये वाला इंडिगो के फ्लाइट (6E2211) में मंगर के सबेरे टेकऑफ से पहिले एगो टिशू पेपर मिलल, जेमे '30 मिनट में बम ब्लास्ट' लिखल रहे। एकरा के धमकी के आशंका मानल गइल। एकरा बाद क्रू मेंबर्स पैसेंजर्स के इमरजेंसी गेट से बाहर निकालल लो। कुछ यात्री विंग के जरिए प्लेन से उतरत देखल गइल लो। फ्लाइट में 176 पैसेंजर्स रहे लो।

Advertisement

दिल्ली एयरपोर्ट पs QRT आ बम डिस्पोजल टीम बोलावल गइल। प्लेन के तलाशी लिहल गइल, बाकिर अधिकारियन के कुछो संदिग्ध ना मिलल। एयरपोर्ट के अधिकारी लोग बतावल गइल कि सबेरे करीब साढ़े पांच बजे वॉशरूम में पायलेट के टिशू पेपर मिलल रहे। टिशू पेपर वॉशरूम में कइसे पहुंचल, एकर जांच चल रहल बा।

एह महीना, माने एक मई से अभी ले 28 दिन में एयरपोर्ट, स्कूल, अस्पताल समेत बम धमकी के ई आठवां घटना हs। एकरा पहिले 23 मई के दिल्ली के लेडी श्रीराम कॉलेज में बम के धमकी दिहल गइल रहे। ओकरा पहिले गृह मंत्रालय के बम से उड़ावे के धमकी दिहल गइल रहे। सब धमकी फर्जी निकलल।

Tags :
Bhojpuri NewsBomb Written Tissue Paper Foundbreaking newsDelhi-Varanasi IndiGo FlightPassengers exit from Emergency gate
Advertisement
Next Article