टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली में फेर बम के धमकी: एंबिएंस, चाणक्य समेत कई गो शॉपिंग मॉल में आइल मेल, लिखल- कुछ घंटा में विस्फोटक फाटी 

03:05 PM Aug 20, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

दिल्ली पुलिस के कहनाम बा कि राष्ट्रीय राजधानी के अलग अलग शॉपिंग मॉल के मंगर के दिने बम के धमकी के मेल मिलल बा। दिल्ली पुलिस के मुताबिक चाणक्य मॉल, सिलेक्ट सिटीवॉक, एम्बिएंस मॉल, डीएलएफ, सिने पोलिस, पैसिफिक मॉल, प्राइमस अस्पताल आ यूनिटी ग्रुप के धमकी के मेल मिलल बा। जवना में कहल गइल रहे कि, 'विस्फोटक कुछ घंटा में फाट जाई।'

Advertisement

दिल्ली पुलिस के कहनाम बा कि, जइसही मेल उनका नज़र में आइल, मॉल के अधिकारी दिल्ली पुलिस के सूचना देले। जानकारी मिलला के तुरंत बाद दिल्ली पुलिस जांच शुरू कऽ देलस। बम निपटान दस्ता अउरी फायर ब्रिगेड मौका पs पहुंच गइल बा। अबही ले कवनो बम नइखे मिलल।

12 मई के कोर्ट ग्रुप नाम के आरोपी एही तरह दिल्ली के बहुत बड़ अस्पताल के ईमेल कऽ के धमकी देले रहें। एही तरे पहिले दिल्ली एनसीआर के 200 से अधिका स्कूलन के बम के धमकी दिहल गइल रहे। मामला के जांच अबहियो जारी रहे। अब मंगर के दिने फेर से अइसने धमकी जारी भइल।

Tags :
big breaking newsBom threatDelhi bom threatDelhi newsDelhi Police
Advertisement
Next Article