For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bomb Threat Indigo: चेन्नई से कोलकाता जाए वाली इंडिगो के फ्लाइट में बम के धमकी, उड़ान में भइल दू घंटा के देरी

01:15 PM Jun 03, 2024 IST | Sonu Kishor
bomb threat indigo  चेन्नई से कोलकाता जाए वाली इंडिगो के फ्लाइट में बम के धमकी  उड़ान में भइल दू घंटा के देरी
Advertisement

Bomb Threat Indigo: सोमवार सुबह चेन्नई से कोलकाता जाए वाली इंडिगो (IndiGo flight) के एगो विमान के बम के धमकी मिलल। एही चलते उड़ान में दू घंटा के देरी भइल। थुराईपक्कम इस्थित इंडिगो कॉल सेंटर पs कॉल अइला के बाद अधिकारी उड़ान के एगो आइसोलेटेड में ले जाइल गइल आ जांच कइल गइल। अधिकारी लो बतावल कि सुरक्षा प्रक्रिया पूरा होखे के बाद विमान के सुबह 10.30 बजे रवाना कइल गइल।

Advertisement

Bomb Threat Indigo: इंडिगो के चेन्नई-कोलकाता फ्लाइट में सोमवार (3 जून) के बम के सूचना मिलल। एयरलाइन बतवले कि बम के धमकी मिलला के बाद उड़ान में दू घंटा के देरी भइल। दरअसल, विमा के एगो कॉल में चेतावनी दिहल गइल बा कि उड़ान में बम विस्फोट हो सकऽता।

एयरलाइन के मोताबिक, इहाँ थुराईपक्कम इस्थित इंडिगो कॉल सेंटर पs कॉल अइला के बाद अधिकारी विमान के एगो अलग स्थान पs ले जाके सुरक्षा जांच कइल गइल। अधिकारी लो बतावल कि सुरक्षा प्रक्रिया पूरा होखला के बाद विमान के भोरे 10.30 बजे रवाना होखे के अनुमति दिहल गइल।

Tags :
Advertisement