टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

राजस्थान के कई रेलवे स्टेशन आ उज्जैन के महाकाल मंदिर के बम से उड़ावे के धमकी

12:56 PM Oct 02, 2024 IST | Sonu Kishor
प्रस्तुती खातिर फोटो ( गूगल)
Advertisement

राजस्थान के कई गो रेलवे स्टेशन आ अउरी जगहन पs बम विस्फोट के धमकी मिलल बा। पुलिस के कहनाम बा कि हनुमानगढ़ रेलवे स्टेशन पs धमकी वाला चिट्ठी मिलल बा आ ओकरा में एमपी के महाकाल मंदिर के उड़ावे के धमकी दिहल गइल बा। जैश-ए-मोहम्मद के नाम पs भेजल चिट्ठी में धमकी दिहल गइल बा कि 30 अक्टूबर के एह जगह पs बमबारी होई।

Advertisement

राजस्थान के कई गो रेलवे स्टेशनन आ देश के अउरी कई गो जगहा पs बम के धमकी मिलल बा। पुलिस के कहनाम बा कि हनुमानगढ़ रेलवे स्टेशन पs धमकी देवे वाला पत्र मिलल बा।

पत्र में मध्य प्रदेश के उज्जैन के महाकाल मंदिर समेत कई गो रेलवे स्टेशनन के उड़ावे के धमकी दिहल गइल बा। पत्र में आतंकी संगठन जैश-ए-मोहम्मद के नांव लिखल बा। एह घटना के बाद पुलिस सतर्क हो गइल आ सुरक्षा जांच कड़ा कऽ दिहल गइल बा।

30 अक्टूबर के कई गो रेलवे स्टेशनन के उड़ा दिहल जाई

हनुमानगढ़ के अतिरिक्त पुलिस अधीक्षक प्यारे लाल मीना बतवले कि पत्र डाक के माध्यम से हनुमानगढ़ स्टेशन मास्टर के दिहल गइल अउरी मंगर के सांझ स्थानीय पुलिस के एकरा बारे में जानकारी दिहल गइल।

उऽ बतवले कि जैश-ए-मोहम्मद के नाम पs भेजल चिट्ठी में धमकी दिहल गइल बा कि 30 अक्टूबर के रेलवे स्टेशन आ गंगानगर, हनुमानगढ़, जोधपुर, बीकानेर, कोटा, बूंडी, उदयपुर, जयपुर के जगह पs बमबारी होई।

पुलिस अउरी बीएसएफ जांच अभियान शुरू कऽ देलस

जैश-ए-मोहम्मद पाकिस्तान के एगो आतंकी संगठन हऽ। पुलिस के कहनाम बा कि सरकारी रेल पुलिस (जीआरपी), स्थानीय पुलिस अउरी बीएसएफ के जवान तलाशी लेले बाड़े। जीआरपी थाना में मामला दर्ज हो गइल बा अउरी भेजेवाला के पता लगावे खाती जांच जारी बा।

पहिलहू कई बेर धमकी मिलल रहे

एकरा से पहिलहू राजस्थान में कई बेर अइसन धमकावे वाला मेल आ चिट्ठी आइल बा। एकरा से पहिले जयपुर के स्कूल अवुरी अस्पताल में बम के धमकी मिलल रहे। दु महीना पहिलहू जयपुर के मॉल आ एयरपोर्ट प बमबारी के खतरा रहे।

Tags :
big breaking newsbom threat Newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article