For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

लोकसभा चुनाव के लेके सीमावर्ती पुलिस प्रशासन कइलस बैठक : गड़बड़ करे वालन के चिह्नित कइलस, सीवान, गोपालगंज आ मुजफ्फरपुर के सीमावर्ती थानन के बैठक

08:43 AM Feb 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
लोकसभा चुनाव के लेके सीमावर्ती पुलिस प्रशासन कइलस बैठक   गड़बड़ करे वालन के चिह्नित कइलस  सीवान  गोपालगंज आ मुजफ्फरपुर के सीमावर्ती थानन के बैठक
Advertisement

लोकसभा चुनाव के लेके सारण के मशरक थाना परिसर में सारण, सीवान, गोपालगंज आ मुजफ्फरपुर जिलन के सीमावर्ती क्षेत्रन के डीएसपी आ थाना प्रभारी के बैठक आयोजित कइल गइल।

Advertisement

बैठक में मढ़ौरा डीएसपी नरेश पासवान, मुजफ्फरपुर सरैया डीएसपी कुमार चंदन आ मशरक सर्किल पुलिस इंस्पेक्टर अशोक कुमार सिंह सहित मशरक थानाध्यक्ष धनंजय राय, तरैया थानाध्यक्ष आशुतोष कुमार सिंह, पानापुर थानाध्यक्ष विश्व मोहन राम, बैकुंठपुर थानाध्यक्ष राजीव रंजन सिंह आ मकेर के थानाध्यक्ष मौजूद रहे लो। बैठक में मढ़ौरा डीएसपी नरेश पासवान सबका से कहलें कि लोकसभा चुनाव के लेके ई बैठक आयोजित कइल गइल। एमे सबकर सहजोग जरूरी बा। सभे के लोकसभा चुनाव में गड़बड़ी करे वालन के चिह्नित करे के बा आ ओकनी पs आवश्यक कार्रवाई कइल जाई।

ऊ बतवलें कि लोकसभा चुनाव के मद्देनजर सब अधिकारियन के संगे इलाका के सीमावर्ती इलाकन के सुरक्षा के लेके मंथन कइल गइल। चुनाव में जेकरा कावर से गड़बड़ी करे के आशंका बा। ओकरा के चिह्नित कs के मुचलकन में पाबंद कइल जाई। पहिले भइल चुनाव में माहौल खराब करे के कोसिस करे वालन पs प्रभावी कार्रवाई कइल जाई।

अवैध शराब तस्करी में लिप्त रहल अपराधियन पs शिकंजा कसल जाव। सब प्रकार के सूचना सब अधिकारी एक-दूसरा के साझा करी। ताकि अपराधियन पs कड़ा नजर रहे आ शरारती तत्व गड़बड़ी ना कs सके। जिला के सीमावर्ती बॉर्डर पs लगातार बैरियर लगाके चेकिंग कइल जाई। ऊ सब पुलिस अधिकारियन के एक-दूसरा के मदद करे के अपील कइलस।

Tags :
Advertisement