For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

घर में अकेले पा के लइका लइकी के साथे कइलस दुष्कर्म, विरोध कइला पऽ पीटलस; पीड़‍ित पुलिस से लगवलस मदद के गुहार

10:20 AM Apr 12, 2024 IST | Sonu Kishor
घर में अकेले पा के लइका लइकी के साथे कइलस दुष्कर्म  विरोध कइला पऽ पीटलस  पीड़‍ित पुलिस से लगवलस मदद के गुहार
Advertisement

Gorkhpur news: पीपीगंज थाना क्षेत्र के एगो गांव के रहे वाली लइकी  के पिता पुलिस को दिहल तहरीर में बतवले कि मगंर के शाम सात बजे उऽ आ उनकर पत्नी खेत के ओर गइल रहे। घर में उनकर बेटी अकेले रहे। एही बीच आरोपित युवक उनका घर में घुस गइल आ बेटी के साथे जबरन दुष्कर्म कइलस। विरोध कइला पऽ आरोपित बेटी के मरलस आ पीटलस।

Advertisement

जानकारी भइला पऽ लइकी के पिता ने बुध के थाना में तहरीर देके शिकायत कइले। पुलिस जांच कइला के बाद बियफे के आरोपित अनिल निषाद के विरुद्ध दुष्कर्म के मुकदमा दर्ज कइलस आ ओकर तलाश कर रहल बिया।

पुलिस अधीक्षक उत्तरी जितेन्द्र कुमार श्रीवास्तव बतवले कि तहरीर के आधार पऽ पीपीगंज पुलिस केस दर्ज कर लेले बिया। अबहीं ले जांच में पता चलल बा कि दुनु पक्षन में पहिले से विवाद चलत रहे। किशोरी के मेडिकल करावल जा रहल बा। आरोपित युवक के तलाश कइल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement