टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

BPSC 69th Result Out: बीपीएससी 69वीं के फाइनल रिजल्ट आइल, उज्ज्वल बनलें टॉपर

09:48 PM Nov 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
BPSC 69th Result: बीपीएससी - फोटो : Fb (@Bpsc बिहार लोक सेवा आयोग)
Advertisement

BPSC 69th Result: बिहार लोक सेवा आयोग 69वीं परीक्षा के फाइनल रिजल्ट जारी कs दिहल गइल बा। 475 पदन पs बीपीएससी  रिजल्ट जारी कइल गइल बा। मुख्य परीक्षा में 1295 अभ्यर्थी सफल भइल रहे लो। ई सब अभ्यर्थी इंटरव्यू में सामिल भइल लो।

Advertisement

अभ्यर्थी आयोग के अधिकारिक वेबसाइट पs जाके आपन रिजल्ट देख सकत बा लो। बीपीएससी कहलस कि अक्टूबर महीना के समाप्ति तक इंटरव्यू के प्रक्रिया पूरा हो गइल बा। एकरा बाद रिजल्ट तइयार होखतही जारी कs दिहल गइल।

जानीं के-के बा टॉप 10 में सामिल 

बिहार लोक सेवा आयोग 69वीं परीक्षा के फाइनल रिजल्ट में सबसे ऊपर उज्जवल कुमार उपकार के नाम बा। बाकी के नामन में सर्वेश कुमार, शिवम तिवारी, पवन कुमार, विनीत आनंद, क्रांति कुमारी, संदीप कुमार सिंह, राजन भारती, चंदन कुमार आ नीरज कुमार सामिल बा लो। के बा टॉप-10 में ई देखे खातिर इहां क्लिक करीं

इहों पढ़ीं: संविधान भारत के सबसे पवित्र ग्रंथ: सूर्य प्रकाश मिश्रा 

BPSC 69th Result: जानीं कवना पद पs केतना अभ्यर्थी चयनित 

एकीकृत 69वीं संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा के अंतर्गत अलग-अलग विभागन के अलग-अलग सेवा के कुल 475 पदन खातिर 31 अगस्त 2024 के मुख्य (लिखित) परीक्षा के परीक्षाफल प्रकाशित कइल गइल रहे। ओह प्रकाशित परीक्षाफल में सामिल कुल 1295 उम्मीदवारन के दस्तावेज सत्यापन 11 सितंबर से 19 सितंबर तक आउर साक्षात्कार 15 अक्टूबर से 30 अक्टूबर तक आयोग कार्यालय में संपन्न करावल गइल। अब परीक्षाफल प्रकाशित कइल गइल बा।

एकीकृत 69 में संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा में पदन के संख्या 362 थी, जेमे 1005 सफल उम्मीदवार रहे लो। साक्षात्कार खातिर 972 अभ्यर्थी उपस्थित भइल लो। अंतिम रूप से 361 अभ्यर्थियन के चयनित कइल गइल।

इहों पढ़ीं: Jharkhand: पीएम मोदी से हेमंत सोरेन आ कल्पना के मुलाकात, बोललें- हमनी के इहां आसिरबाद लेवे आइल बानी सs 

बाल विकास परियोजना पदाधिकारी पद खातिर पदन के कुल संख्या 10 रहे, जेमे सफल उम्मीदवारन के संख्या 27 रहल। साक्षात्कार खातिर 26 अभ्यर्थी उपस्थित भइल लो। जेमे अंतिम रूप से 10 उम्मीदवार बाल विकास परियोजना पदाधिकारी पद खातिर चयनित भइल लो।

वित्तीय प्रशासनिक पदाधिकारी आ समकक्ष खातिर पदन के कुल संख्या 100 रहे, जेमे सफल उम्मीदवारन के संख्या 262 रहल। साक्षात्कार खातिर 253 अभ्यर्थी उपस्थित भइल लो अंतिम रूप से 98 उम्मीदवार वित्तीय प्रशासनिक पदाधिकारी आ समकक्ष पद खातिर चयनित भइल लो।

इहों पढ़ीं: गोरखपुर में सड़क किनारे मिलल नवजात लईकी, मां के तलाश जारी

पुलिस उपाध्यक्ष परिचालन आ उपाधीक्षक तकनीकी खातिर पदन के संख्या तीन रहे, जेमे खाली एगो अभ्यर्थी सफल भ। अंततः ओह पद पs चयन भइल।

Tags :
Bhojpuri NewsBPSC 69th ResultFinal Result DeclearedTop 10 LisyrUjjwal Kumar Topper
Advertisement
Next Article