टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

BPSC 70वीं PT परीक्षा आज, 4.83 लाख कैंडिडेट्स सामिल होई: 36 जिलन के 912 केंद्रन पs होई परीक्षा

10:53 AM Dec 13, 2024 IST | Anurag Ranjan
Advertisement

बिहार लोक सेवा आयोग (BPSC) के ओर से आज माने 13 दिसंबर के 70वीं संयुक्त प्रारंभिक परीक्षा के आयोजन राज्य के 36 जिलन में बनावल गइल 912 परीक्षा केंद्रन पs कइल जा रहल बा। PT परीक्षा एके पाली में दुपहरिया 12 से 2 बजे तक होई। पटना जिला में 60 से जादे केंद्र बनावल गइल बा।

Advertisement

4 लाख 83 हजार परीक्षार्थी एह परीक्षा में सामिल होई लो। पहिला बेर आयोग के ओर से 2035 पदन खातिर परीक्षा आयोजित कइल जा रहल बा। ई अब तक के सबसे बड़ वैकेंसी हs। एमे सब डिवीजन ऑफिसर (SDO), सीनियर डिप्टी ऑफिसर, DSP आ आउर पद सामिल बा।

ओहिजा, बक्सर में BPSC परीक्षा के लेके शहर में अभ्यर्थियन के जमावड़ा बियफही से सुरू हो गइल। स्टेशन रोड से लेके शहर के सब होटल आ लॉज पूरा तरे भर चुकल बा। अइसन में अभ्यर्थी स्टेशने पs रात बितावे खातिर मजबूर दिखल लो। ओहिजा, BPSC परीक्षा के लेके स्थानीय प्रशासन शहर के अलग-अलग होटलन आ लॉज में जांच अभियान चलावल।

एह जिलन में कइल जा रहल बा परीक्षा के आयोजन

BPSC 70वीं परीक्षा के आयोजन राज्य के 36 जिलन में कइल जा रहल बा। एह जिलन में बक्सर, मधुबनी, नालंदा, जमुई, मुजफ्फरपुर, शेखपुर, पटना, पूर्णिया, सारण, बेगूसराय, वैशाली, मधेपुरा, औरंगाबाद, सुपौल, पूर्वी चंपारण, समस्तीपुर, अरवल, कटिहार, सीवान, लखीसराय, पश्चिमी चंपारण, शिवहर, जहानाबाद, अररिया, रोहतास, सहरसा, गया, बांका, सीतामढ़ी, मुंगेर, गोपालगंज, खगड़िया, भभुआ, दरभंगा, नवादा आ भागलपुर सामिल बा।

परीक्षा खातिर जरूरी दिशा-निर्देश

लॉटरी से होगा प्रश्न पत्र के सेलेक्शन

BPSC चेयरमैन परमार रवि मनुभाई बतवले रहे कि परीक्षा के पूरा तरे पारदर्शी आ निष्पक्ष बनावे खातिर कड़ा सुरक्षा बेवस्था कइल गइल बा। परीक्षा के प्रश्न पत्र अलग-अलग राज्यन से प्रिंट करवावल गइल बा। परीक्षा सुरू होखे के तीन घंटा पहिले ई तय कइल जाई कि कवना सेट के प्रश्न पत्र कवना केंद्र पs इस्तेमाल कइल जाई। ऊ बतवलें कि कवना सेट से परीक्षा आयोजित होई। ई परीक्षा सुरू होखे के तीन घंटा पहिले आयोग में लॉटरी कs के सब जिलन के DM's के बतावल जाई।

अगल-अगल राज्यन से प्रिंट होके ले आवल गइल प्रश्न पत्र

पेपर लीक जइसन ममिला सामने ना आवे एकरा खातिर चार सेट में प्रश्न पत्र प्रकाशित कइल गइल बा। ई प्रश्न पत्र अलग-अलग राज्यन से प्रिंट होके आइल बा। अइसन में कवनो तरे के गड़बड़ी के गुंजाइसो नइखे। परीक्षा सुरु होखला के तीन घंटा पहिले तय कइल जाई कि कवना सेट से कवन सेंटर पs परीक्षा होई।

कैमरा आ छात्रन के सामने खुली प्रश्न पत्र बॉक्स

आयोग से मिलल जानकारी के अनुसार जोनल पदाधिकारी 11:00 से 11:30 के बीच प्रश्न पत्र बॉक्स आ ओकर चाबी केंद्राधीक्षक के दिहें। परीक्षार्थियन के उपस्थिति में वीडियोग्राफी करत 11:30 बजे से 11:45 बजे तक बॉक्स खोलल जाई। 11:50 बजे से 11:55 तक प्रश्न पत्र वितरण कs दिहल जाई। 12:00 से परीक्षा सुरू कइल जाई, जवन दुपहरिया 2:00 बजे तक चली। प्रश्न पत्र बॉक्स केंद्राधीक्षक के कार्यालय में ना रखल जाई।

लाग सकत बा पांच साल के प्रतिबंध

कदाचार भा एग्जामिनेशन हॉल में इलेक्ट्रॉनिक डिवाइस के संगे पकड़ल गइला पs एह परीक्षा सहित आउर एग्जाम खातिर अभ्यर्थी के अगिला पांच साल खातिर प्रतिबंधित कs दिहल जाई। परीक्षा से संबंधित भ्रामक, सनसनीखेज अफवाह फइलावे पs तीन साल खातिर आयोग के परीक्षाओं से वंचित कs दिहल जाई। एह परीक्षा में उम्मीदवारन के कदाचार में लिप्त पावल गइल पs बिहार परीक्षा संचालन अधिनियम 1981 के तहत दंडात्मक कार्रवाई कइल जाई।

इहो पढ़ीं: बिहार-झारखंड आ देस-दुनिया के सामाजिक, सांस्कृतिक, राजनीतिक आर्थिक परिदृश्य पs आधारित हरिवंश के दस पुस्तकन के लोकार्पण काल्ह

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Bhojpuri NewsBihar Public Service CommissionBpscBPSC 70th CCE Prelims 2024EXAM TODAY
Advertisement
Next Article