टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

BPSC Recruitment 2024: आज बिहार में 46 हजार से अधिक शिक्षक पद के आवेदन के अंतिम तिथि बा, इहा जानि आवेदन कइसे होई

03:34 PM Apr 17, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

जदी रउरा बिहार में शिक्षक बने के चाहत बानी त एह मौका के मत छोड़ीं । बीपीएससी 46 हजार से अधिका शिक्षक पद खातिर रिक्ति जारी कइले बिया जवना के आखिरी तारीख आज बा।

Advertisement

जदी रउरा सरकारी शिक्षक बने के बा त एह मौका के मत छोड़ीं । बिहार लोक सेवा आयोग आज यानी 10 अप्रैल के राज्य में शिक्षक प्रमुख आ हेड मास्टर के 46 हजार से अधिका पद प जारी रिक्ति खाती आवेदन प्रक्रिया बंद क दिही। अइसना में जवन उम्मीदवार अभी तक कवनो कारण से ए बहाली खाती आवेदन नइखन क पवले, उ आधिकारिक वेबसाइट प जाके एकरा खातीर आवेदन क सकतारे। याद राखीं कि एकरा खातिर बीपीएससी के आधिकारिक वेबसाइट bpsc.bih.nic.in पर जा के आवेदन कइल जा सकेला ।

योग्यता

एह बहाली खातिर आवेदन करे खातिर उम्मीदवार के पोस्ट ग्रेजुएट होखे के चाहीं । संग ही बीएड./बीए बीएड./बीएससी बीएड , पास भी होखे के चाहीं। एकरा अलावे परीक्षार्थी के टेट परीक्षा में भी क्वालिफाई करे के होई आ कुछ साल के पढ़ावे के अनुभव होखे के चाही।

आवेदन शुल्क 

एह बहाली खातिर आवेदन करे वाला जनरल/ओबीसी/अन्य राज्य के उम्मीदवारन के आवेदन शुल्क का रूप में 750 रुपिया देबे के पड़ी । जबकि अनुसूचित जाति/जनजाति/पीडब्ल्यूडी/महिला उम्मीदवार के आवेदन के रूप में 200 रुपया जमा करे के होई। ध्यान रहे कि आवेदन शुल्क ऑनलाइन मोड के माध्यम से ही जमा कईल संभव बा।

 बीपीएससी भर्ती 2024 : एही तरे आवेदन करीं

सबसे पहिले उम्मीदवार के बीपीएससी के आधिकारिक वेबसाइट bpsc.bih.nic.in प जाए के होई।

ओकरा बाद होम पेज प रउआ Apply Online लिंक प क्लिक करे के होई।

एकरा बाद पहिले ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन लिंक प क्लिक क के नयका पोर्टल प रजिस्ट्रेशन करावे के होई।

अब रजिस्ट्रेशन के बाद उम्मीदवार के लॉग इन क के ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया पूरा करे के चाही।

अंत में फीस जमा कर के भरल फार्म के प्रिंटआउट ले लीं ।

Tags :
Bhojpuri khabarbiharBihar State Teachers AssociationBihar TeacherBpscEntrance Examentrance newsKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriKhabar Bhojpuri NewsLast date of form fillingShikshak Patrata Parikshasikhsha bahaliTeacher
Advertisement
Next Article