टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Brain Eating Amoeba: केरल में मस्तिष्क खाये वाला अमीबा के चउथा ममिला, तीन के मौत; संक्रमण ले रोके खातिर का बा उपाय? 

02:46 PM Jul 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

केरल में अमीबिक मेनिंगोएन्सेफेलाइटिस के ममिला तेजी से बढ़त जा रहल बा। अब उत्तरी केरल जिला के पय्योली के एगो निवासी एह बेमारी से पीड़ित बा। 14 साल के किशोर के निजी अस्पताल में इलाज चल रहल बा।

Advertisement

जानकारी खातिर बता दीं कि अमीबिक मेनिंगोएन्सेफेलाइटिस एगो दुर्लभ ब्रेन इन्फेक्शन हs जवन गंदा पानी में पावल जाये वाला एगो फ्री-लिविंग अमीबा के कारण होला। मई के बाद से राज्य में दुर्लभ ब्रेन इन्फेक्शन के ई चउथा ममिला हs आ सब रोगी लईका बा लो, जेमे से तीन के पहिलही मौत हो चुकल बा।

1 जुलाई से पीड़ित भर्ती

किशोर के इलाज कs रहल डॉक्टरन में से एगो कहलें कि ओकरा के 1 जुलाई के अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे आ ओकर हालत में सुधार हो रहल बा। डॉक्टर सनीचर के कहलें कि अस्पताल में संक्रमण के पहचान जल्दिये हो गइल रहे आ बिदेस से दवाइयन सहित उपचार तुरंत दिहल गइल रहे।

बुध के 14 साल के लईका के मौत

बुध के कोझिकोड में अमीबा से संक्रमित 14 बरिस लईका के मौत हो गइल। एकरा पहिले, दुगो आउर मलप्पुरम के एगो पांच बरिस के लईकी आ कन्नूर के एगो 13 बरिस के लईकी के 21 मई आ 25 जून के संक्रमण के कारण मौत हो गइल रहे।

केरल के मुख्यमंत्री पिनाराई विजयन सुक के एगो बइठक कइलें। जेमे आगे के संक्रमण के रोके खातिर गंदा जलाशयन में ना नहाए सहित कइयन गो सुझाव दिहल गइल।

बैठक में का दिहल गइल सुझाव

साभार: दैनिक जागरण

Tags :
4th Case FoundBhojpuri NewsBrain Eating AmoebaKerla NewsPrecautions For Brain Eating Amoeba
Advertisement
Next Article