For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Doordarshan: दूरदर्शन के लोगो के नया रंग पs सुरू भइल बवाल, पूर्व बॉस कहले- इs प्रसार भारती नाहीं प्रचार भारती हs

09:27 PM Apr 20, 2024 IST | Minee Upadhyay
doordarshan  दूरदर्शन के लोगो के नया रंग पs सुरू भइल बवाल  पूर्व बॉस कहले  इs प्रसार भारती नाहीं प्रचार भारती हs
Advertisement

Advertisement

दूरदर्शन के लोगो के नया रंग के लेके विवाद पैदा हो गईल बा। प्रसार भारती के मालिक रहल आ तृणमूल कांग्रेस के सांसद जवाहर सरकार एकर कड़ा आलोचना कइले बाड़न. उs दूरदर्शन पs चुनाव से ठीक पहिले चैनल के लोगो के भगवाकरण बनावे के आरोप लगवले अवुरी कहले कि इs देख के उनुका बहुत दुख भईल।

पूर्व मालिक के कड़ा आलोचना

दरअसल, डीडी न्यूज हाल ही में एक्स पs एगो नाया प्रचार वीडियो शेयर कs के एs लोगो के नाया रंग के खुलासा कईले बा। तब से आलोचना के सिलसिला शुरू हो गइल बा. सोशल मीडिया पs कुछ लोग एकरा के भगवा रंग कहत सवाल पूछले बा कि चुनाव से ठीक पहिले ई कदम काहे उठावल गइल. प्रसार भारती के सीईओ रहल आ तृणमूल कांग्रेस के सांसद जवाहर सरकार ट्विटर पs लिखले बाड़न कि दूरदर्शन आपन लोगो भगवा रंग में रंगले बा. एकरा के चिंता से देख के हमरा लागत बा कि अब ई प्रसार भारती ना होके प्रचार भारती बा.

Tags :
Advertisement