For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बिहार में फेर गिरल पुल, एह बेर बाढ़ के पानी वजह! भागलपुर में भइल घटना

02:59 PM Sep 27, 2024 IST | Minee Upadhyay
बिहार में फेर गिरल पुल  एह बेर बाढ़ के पानी वजह  भागलपुर में भइल घटना
Advertisement

Advertisement

बिहार में पुल गिरला के एगो अवुरी घटना सोझा आईल बा। एह घटना में कवनो जानमाल के नुकसान के कवनो जानकारी नइखे मिलल. घटना भागलपुर के पीरपैंटी के पास की। बतावल जात बा कि ई पुल पीरपैंती से बाखरपुर जाए वाला मुख्य सड़क पs मुस्तफापुर के लगे बनल बा. कहल जा रहल बा कि ई पुल कुछ दिन पहिले बाढ़ के पानी से क्षतिग्रस्त हो गइल रहे पास के लोग के एह बात के जानकारी रहे, एही से जब ई पुल गिरल रहे तब कुछ लोग ही एह पुल पs मौजूद रहे। एह घटना में कवनो जानमाल के नुकसान के कवनो जानकारी नइखे मिलल.

बतावल जाता कि इs पुल मात्र पांच साल पहिले बनल रहे। ई पुल आसपास के ग्रामीण इलाका के जोड़े के माध्यम रहे। एह पुल के गिरला के चलते गाँव वालन के समस्या अउरी बढ़ गइल बा अब आवागमन में लोग के बहुते दिक्कत के सामना करे के पड़त बा. भागलपुर में भी कुछ समय पहिले भी अइसने पुल गिर गईल रहे|

बिहार में पुल गिरला के इs पहिला घटना नईखे

बिहार में जून-जुलाई के दौरान महज 11 दिन में पांच पुल के गिरे के खबर आईल। जवना जिला में पुल गिरला के खबर बा ओहिजा मधुबनी, भागलपुर, किशनगंज,सीवान, अररिया आ पूर्वी चंपारण शामिल बा.

Tags :
Advertisement