For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

फ्लाइट में पैसेंजर क्रू मेंबर के घूंसा मरलस : टॉयलेट में तोड़फोड़ कइलस, ब्रिटेन के हीथ्रो एयरपोर्ट पs गिरफ्तार

11:45 AM Feb 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
फ्लाइट में पैसेंजर क्रू मेंबर के घूंसा मरलस   टॉयलेट में तोड़फोड़ कइलस  ब्रिटेन के हीथ्रो एयरपोर्ट पs गिरफ्तार
Advertisement

थाई एयरवेज के फ्लाइट में एगो ब्रिटिश पैसेंजर क्रू मेंबर के घूंसा मार देलस। ऊ प्लेन के टॉयलेट में तोड़फोड़ कइलस। संगही जोर-जोर से चिल्लाये लागल। एकरा बाद ऊ ब्रिटेन के हीथ्रो एयरपोर्ट पs गिरफ्तार कs लिहल गइल।

Advertisement

घटना सात फरवरी के बतावल जा रहल बा। हालांकि, एकर वीडियो अब सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। एमे 35 साल के ब्रिटिश नागरिक फ्लाइट में हिंसा करत नजर आ रहल बा।

वीडियो बनावे वाली महिला बोलल- ऊ दरवाजा पीट रहल बा

घटना के वीडियो फ्लाइट में मवजूद एगो महिला बनवलस। ऊ कहलस- ब्रिटिश नागरिक आपन सीट से उठल आ टॉयलेट में घुस गइल। कुछ देर बाद ऊ टॉयलेट के अंदर से तोड़फोड़ के आवाज आवे लागल। फेर शख्स जोर-जोर से टॉयलेट के दरवाजा पीटे लागल। दरवाजा टूटे लागल। दरवाजा में लागल बोल्ट निकल गइल। एकरा बाद ऊ बाहर आइल। लोग ओकरा के पकड़े के कोसिस कइल। ऊ हाथापाई करे लागल। गाली देवे लागल। एह बीच एगो क्रू मेंबर आइल। शख्स ओकरा घूंसा मार देलस। ऊ जमीन पs गिर गइल। ओकरा नाक में चोट आइल।

बैंकॉक से हीथ्रो जा रहल बा फ्लाइट

थाई एयरवेज के फ्लाइट बैंकॉक से ब्रिटेन के हीथ्रो जा रहल बा। एह दौरान पैसेंजर हिंसा करे लागल। एकरा बाद एगो आउर क्रू मेंबर अनाउंस कइलस कि जदि पैसेंजर शांत नइखे होत तs फ्लाइट के दुबई डायवर्ट कइल जाई।

हाथापाई आ तोड़फोड़ के बाद दुगो आउर पैसेंजर्स शख्स के पकड़लस आ ओकरा के सीट पs बइठावल। एकरा बाद फ्लाइट के डायवर्ट कइला बिना हीथ्रो एयरपोर्ट पs लैंड करावल गइल। पूरा सफर के दौरान दुगो पैसेंजर्स शख्स के पकड़कर बइठल रहल।

हीथ्रो में गिरफ्तार भइल शख्स

जइसही फ्लाइट हीथ्रो एयरपोर्ट पs लैंड भइल एयरपोर्ट पs मवजूद पुलिस शख्स के गिरफ्तार कs लिहल गइल। शख्स अइसन काहे कइलस एकरा बारे में जानकारी फिलहाल सामने नइखे आइल। शख्स कहां रहत बा, ओकरा नाम का बा, ऊ का काम करत बा, एह बारे में पुलिस कवनो जानकारी शेयर नइखे कइल गइल।

Tags :
Advertisement