टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

चीन के हार्बिन शहर में घातक विस्फोट से उड़ल इमारत, हादसा में 1 व्यक्ति के मउत आ 3 लो घायल

02:28 PM May 23, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

बीजिंग : चीन के एगो भवन में भारी विस्फोट के खबर बा। दुर्घटना एतना जानलेवा रहे कि इमारत के नुकसान पहुंचल। संगही एकरा में एक आदमी के मउत हो गईल। उहाँ तीन जने घायल हो चुकल बाड़े। चीन के पूर्वोत्तर हार्बिन शहर में भइल ई घटना बियफ़ें के सबेरे एगो भवन में विस्फोट होखे के खबर बा। एक महिला के मउत हो गईल अवुरी तीन जने घाही हो गईले। सरकारी मीडिया ई जानकारी दिहलस. ध्यान देवे वाला बात बा कि हार्बिन चीन के उत्तर-पूरुब प्रांत हेइलोंगजियांग के राजधानी हs। विस्फोट के बाद मौका पs चीख-पुकार हो गईल। मौका पs स्थानीय पुलिस अवुरी बचाव दल पहुंचल। ओकरा बाद उs घाही के अस्पताल ले गईले।

सबेरे विस्फोट हो गइल

बतावल जाता कि विस्फोट तब भईल जब लोग रोजमर्रा के काम में व्यस्त रहले। ‘जीमू न्यूज’ के मुताबिक विस्फोट में एक महिला के मउत हो गईल अवुरी तीन लोग घाही हो गईले। इंटरनेट पs सामने आइल एगो वीडियो में एगो आदमी के एम्बुलेंस में ले जाइल देखल जा सकेला, जबकि सड़क पs मलबा के ढेर बा. सरकारी समाचार एजेंसी शिन्हुआ अपना एगो खबर में कहलस कि ई विस्फोट सबेरे करीब सात बजे भइल.

 

 

Tags :
AsiaChinafire accidentPeople DeadWorld News
Advertisement
Next Article