टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bullet Train: वाराणसी होत दिल्ली-हावड़ा के बीच बुलेट ट्रेन चल सकेला, दू चरण में काम पूरा हो जाई

05:04 PM Aug 26, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

दिल्ली-हावड़ा के बीच 2029 तक बुलेट ट्रेन चल सकेला। ट्रेन संचालन खातीर जमीन के अधिग्रहित कइल जाई। दू चरण में एकर काम पूरा हो जाई। जमीन अधिग्रहण खातिर किसानन के आधार कार्ड जमा करावल गइल बा।

Advertisement

दिल्ली-वाराणसी-हावड़ा मार्ग पs 2029 में बुलेट ट्रेन चल सकेला। एकर प्रक्रिया चलत बा। रेल मार्ग के सर्वेक्षण 2025 तक पूरा हो जाई। जमीन के अधिग्रहण हो जाई। एकर काम दू चरण में पूरा होखे वाला बा। पहिला चरण में पटना होत वाराणसी-हावड़ा तक काम कइल जाई। दूसरा चरण में दिल्ली-वाराणसी के बीच काम होखे के बा। वाराणसी में जमीन पर निशान लगावत किसानन के आधार कार्ड जमा करावल गइल बा।

हाई स्पीड रेल लाइन बिछावे के प्रक्रिया नेशनल हाई स्पीड रेल कॉरपोरेशन लिमिटेड के ओर से चलता। पहिला चरण में वाराणसी आ हावड़ा के बीच 720 किलोमीटर के पटरी बिछावल जाई।

चौबेपुर के चिरईगांव प्रखंड के नारायणपुर, उठी, सिरिस्टी, अमौली, रामला, छितौनी, बकैनी, देवरिया, धरधर आदि गाँव में सर्वे के काम पूरा हो गइल। मुआवजा देबे के प्रक्रिया चलत बा।

गलियारा में अलगा अलगा जगहा पर सुरंग आ ग्रेड बिछावल जाई। रेलवे के अधिकारी के मुताबिक ए एलिवेटेड हिस्सा के ऊंचाई 20 फीट होई। खास बात ई बा कि हाई स्पीड रेल लाइन खातिर खाली सीधा पटरी के जरूरत होला। घुमावदार पटरी काम ना करी।

Tags :
Bhojpuri khabarbig newsBullet TraindelhiHowrahindian railwaysKhabar Bhojpuri NewsNew updatevaranasi
Advertisement
Next Article