टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

धर्मशाला टेस्ट में बुमराह करिहें वापसी : केएल राहुल ना खेलिहें; वॉशिंगटन सुंदर रणजी खातिर रिलीज

09:24 AM Mar 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

धर्मशाला टेस्ट में जसप्रीत बुमराह के वापसी भइल बा। बुमराह के रांची टेस्ट से आराम दिहल गइल रहे। केएल राहुल के टीम में जगह नइखे मिलल। एतनही ना, सिलेक्टर्स वॉशिंगटन सुंदर के रणजी ट्रॉफी के सेमीफाइनल खेले खातिर नेशनल टीम से रिलीज कइले बा लो।। सुंदर टीम में रहलें, बाकिर उनका के एको मैच ना खिलावल गइल रहे।

Advertisement

बोर्ड बियफे के बतवलस कि राहुल इंग्लैंड के खिलाफ पांच मैचन के सीरीज के आखिरी मुकाबला ना खेलिहें। ऊ मैच फिटनेस हासिल नइखन कs सकल। BCCI के मेडिकल टीम उनका इंजरी के मॉनीटर कs रहल बिया। धर्मशाला टेस्ट 7 मार्च से 11 मार्च के बीच खेलल जाई।

इंग्लैंड में इलाज करा रहल बाड़े राहुल

केएल राहुल आपन चोट के इलाज करावे खातिर इंग्लैंड गइल बाड़ें। एह संबंध में BCCI कहलस कि बोर्ड के मेडिकल टीम स्पेशलिस्ट के निगरानी में उनका इंजरी के मॉनीटर कs रहल बिया। राहुल के इंग्लैंड जाए के बात पहिलही कुछ रिपोर्ट में आ चुकल बा।

पहिला टेस्ट में चोटिल भइल रहस राहुल

केएल राहुल के इंग्लैंड के खिलाफ हैदराबाद टेस्ट के दौरान दहिना क्वाड्रिसेप्स में दरद भइल रहे। जवना खातिर पिछला साल उनकर सर्जरी भइल। अइसन मानल जा रहल बा कि अभियो उनका कुछ परेसानी बा। एकरा बाद से ऊ सीरीज के बाकी मैच ना खेल सकलें।

सीरीज जीत चुकल बा भारत, रांची टेस्ट 5 विकेट से जीतल 

भारतीय टीम आखिरी मुकाबला से पहिलही सीरीज में अजेय बढ़त हासिल कs चुकल बिया। टीम इंडिया रांची टेस्ट में इंग्लैंड के पांच विकेट से हरवले रहे। एह जीत से भारत के पांच टेस्ट मैचन के सीरीज में 3-1 के अजेय बढ़त मिलल।

5वां टेस्ट खातिर भारत के अपडेट स्क्वॉड

रोहित शर्मा (कप्तान), जसप्रीत बुमराह (उपकप्तान), यशस्वी जायसवाल, शुभमन गिल, रजत पाटीदार, सरफराज खान, ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), केएस भरत (विकेटकीपर), देवदत्त पड्‌डीकल, रविचंद्रन अश्विन, रवींद्र जडेजा, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, मोहम्मद सिराज, मुकेश कुमार, आकाश दीप।

Tags :
Bhojpuri Newscricket newsenglandInd Vs Engindiajasprit bumrahKL RahulWashington Sundar
Advertisement
Next Article