For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

तुर्की में खंभा से जा टकराईल यात्रियन से भरल बस, 9 लोग के मउत आ 26 गो घायल

01:52 PM Aug 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
तुर्की में खंभा से जा टकराईल यात्रियन से भरल बस  9 लोग के मउत आ 26 गो घायल
Advertisement

Advertisement

तुर्की के दू गो शहरन के बीच बियफे के के दिने जात एगो बस मुख्य राजमार्ग से हट के एगो खंभा से टकरा गइल. एकरा चलते सवार 9 लोग के मउत हो गईल। जबकि कम से कम 26 लोग घायल हो गईले। गॉव वासिप साहिन हैबरतुर्क टेलीविजन टेलीविजन स्टेशन से बतवले कि राजधानी अंकारा से करीब 80 किलोमीटर (50 मील) दूर पोलाटली शहर के नजदीक इs दुर्घटना भईल। बस पश्चिमी तुर्किए के इज़मिर शहर से देश के पूरब में एग्री शहर जात रहे। बाकिर हाईवे के लगे एगो ओवरपास के खंभा से टकरा गइल.

टक्कर एतना भयावह रहे कि बस ले उड़ के टुकड़ा-टुकड़ा हो गईल। 9 यात्री के मउत के चलते मौका पs अराजकता मच गईल। स्थानीय लोग के अलावे बाद में पुलिस अवुरी राहत दल मौका पs पहुंचल। घाही लोग के अस्पताल पहुंचावल गईल। एह दुखद दुर्घटना के चलते राजमार्ग के एक ओर बंद हो गईल। दुर्घटना के कवनो कारण के तुरंत पता ना चलल।  घाही यात्री के हालत के बारे में अबे ले कवनो जानकारी नईखे। बस अतने बतावल गइल बा कि घायलन के पोलाटली आ अंकारा के अस्पताल ले जाइल गइल बा.

अबे ले पता नईखे चलल कि दुर्घटना भइल बस में केतना यात्री रहले। बाकिर अंदाजा लगावल जा रहल बा कि ई बस बड़हन रहे. अयीसना में कम से कम 40 से 50 यात्री एकरा में मौजूद हो सकतारे। सभे यात्री के एम्बुलेंस से अस्पताल पहुंचावल गईल बा।

Tags :
Advertisement