For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

नेपाल बस हादसा: महाराष्ट्र के यात्री गोरखपुर से बुक कइले रहे लो बस, 27 के मौत; 15 घायल अस्पताल में भरती

10:51 AM Aug 24, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
नेपाल बस हादसा  महाराष्ट्र के यात्री गोरखपुर से बुक कइले रहे लो बस  27 के मौत  15 घायल अस्पताल में भरती
Advertisement

गोरखपुर से यात्रियन के लेके नेपाल गइल एगो भारतीय बस सुक के पोखरा से काठमांडो जाए के दौरान नेपाल तनहुन के अबुखैरेनी में मार्स्यांगडी नदी में गिर गइल। जेमे बस चालक सहित 27 लोगन के मौत हो गइल बा, जबकि 15 लोग घायल बा। सूचना के बाद सीमावर्ती जिला महराजगंज के नौतनवा तहसील के एसडीएम आ सोनौली पुलिस घटना स्थल पs पहुंचके रेस्क्यू ऑपरेशन चलवलस। घटना सोनौली सीमा से करीब 170 किमी दूर मस्यागड़ी नदी में घटल बा।

Advertisement

तनाहुन के एसपी वीरेंद्र शाही बतवलें कि मार्सयांगडी अंबुखैरेनी ग्रामीण नगर पालिका के वार्ड नंबर दु इस्थित ऐन पहरा के लगे नदी में बस गिर गइल। स्थानीय पुलिस कार्यालय के निरीक्षक अबू खैरेनी मवका पs पहुंचलें। नेपाल में यात्रियन के लेके जा रहल बस के नदी में गिरला से बड़ हादसा हो गइल। सुरुआती जानकारी में बस के नदी में गिरला से 27 भारतीयन के मौत हो गइल। एह बस में कुल 42 यात्री सवार रहे लो। राजधानी काठमांडो में अपना गंतव्य से लगभग 110 किलोमीटर दूर तनहुन जिला में मार्सयांगडी नदी में गिर गइल, जवना से ई दर्दनाक हादसा भइल।

लोगन के बचावे खातिर सेना आ पुलिस चलवलस अभियान

बस पोखरा से काठमांडो जात रहे। दुर्घटना के बाद राहत आ बचाव कार्य सुरू कइल गइल। सेना आ पुलिस के रेस्क्यू टीम 27 शवन के बरामद कइलस आ 15 घायलन के बाहर निकाले में कामयाबी पवलस। दुर्घटनाग्रस्त बस पोखरा के मझेरी रिजार्ट में ठहरल भारतीय के लेके काठमांडो जात रहे।

महाराष्ट्र के यात्री गोरखपुर से बुक कइले रहे लो बस

बतावल जा रहल बा कि गोरखपुर सिटी के एगो ट्रेवल्स से बस के बुक कइल गइल रहे। महाराष्ट्र के सब यात्री इलाहाबाद से बस में सवार भइल रहे लो। सब यात्री पहिले चित्रकूट गइल लो आ फेर उहां से गोरखपुर होत नेपाल गइल रहे। कुल तीन गो बस बुक करावल गइल रहे। पर्यटकन के दल में कुल 110 लोग रहे। जवना बस के दुर्घटना भइल बा ऊ 45 सीट के हs। एमे एगो नाबालिग आ दुगो चालक-सहचालक सहित 42 यात्री सवार रहे लो।

साभार: अमर उजाला

Tags :
Advertisement