For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Ticketless Travellers: खाली 49 दिनन में एह रेलवे जोन में बेटिकट यात्री लोग भरल 10 करोड़ से जादे के जुर्माना

05:34 PM May 21, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ticketless travellers  खाली 49 दिनन में एह रेलवे जोन में बेटिकट यात्री लोग भरल 10 करोड़ से जादे के जुर्माना
Advertisement

Indian Railway Ticketless Travellers भारतीय रेलवे (Indian Railway) में बिना टिकट यात्रा कइल एगो बड़ समस्या बा। तमाम उपायन के बावजूद एह समस्‍या से निजात मिलत नइखे दिख रहल। आइल दिन खबर आवते रहेला कि बड़ संख्‍या में बिना टिकट रेल यात्री (Ticketless Travellers) पकड़ल गइल लो। बिना टिकट यात्रा कइला पs पकड़ल जाये पs जुर्माना भरे के पड़त बा आ कइयन बेर तs ई जुर्माना असली टिकट के दामो से जादे होला, बाकिर एकरा बादो लोग माने के तइयार नइखे। अब नॉर्थ इस्‍ट फ्रंटियर रेलवे (NFR) के नया रिपोर्ट के मोताबिक पिछला 50 दिनन में बेटिकट यात्रियन से 10 करोड़ रुपिया से जादे के रकम जुर्माना के तौर पs वसूलल गइल बा। एगो अधिकारी ई जानकारी देलें।

Advertisement

गुवाहाटी में एनएफआर के मुख्‍य जनसंपर्क अधिकारी साब्‍यसाची डे ने बतवलें, ''बिना टिकट जतरा करे वालन पs लगातार नजर रखे खातिर सघन अभियान चलावल गइल आ अबकी बरिस एक अप्रिल से 19 मई तक के अवधि के दौरान अइसन अभियानन के तहत बिना टिकट जतरा करे वालन से 10.65 करोड़ रुपिया से जादे के जुर्माना वसूलल गइल।''

पिछिला वित्त बरिस में पांच फीसदी से जादे बढ़लें बेटिकट यात्री

एगो आध‍िकारिक बयान के मोताबिक, अप्रिल 2023 से मार्च 2024 तक, एनएफआर कावर से बिना टिकट यात्रियन के 7,93,170 ममिला पकड़ल गइल आ उनका जुर्माना आ किराया के रूप में 66.27 करोड़ रुपिया से अधिक के वसूली कइल गइल। ओहिजा, एकरा पिछिला वित्त बरिस 2022-2023 में 62.98 करोड़ के वसूली भइल रहे आ 7,78,808 अइसन ममिला सामने आइल रहे। एह तरे जदि तुलना करीं तs पिछिला साल 14,362 जादे ममिला सामने आइल। जवना वजह से अपराधियन से जुर्माना आ किराया के रूप में 5.23 प्रतिशत जादे आय भइल।"

अब ऐप से किनल जा सकत बा जनरल टिकट

बता दीं कि बिना टिकट जतरा कइल भा तय दूरी से जादे जतरा कइला पs अतिरिक्त शुल्क आ किराया लगावल जा सकत बा। जदि कवनो यात्री भुगतान करे में विफल रहत बा भा मना करत बा, तs ओकरा के भुगतान में चूक मानल जाई आ रेलवे अधिनियम, 1989 के संबंधित धारा के तहत ओह पs मुकदमा चलावल जा सकत बा। डे बतवलें कि अब यात्री अपना स्मार्टफोन पs अनारक्षित टिकट प्रणाली (यूटीएस) मोबाइल एप्लीकेशन के माध्यम से देस के एक हिस्सा से दूसरका हिस्सा खातिर अनारक्षित टिकट किन सकत बा।

साभार: दैनिक जागरण

Tags :
Advertisement