For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Buxar News: पटना-बक्सर NH पऽ देर रात ले चलल पुलिस के ताबड़तोड़ छापामारी

09:48 AM Sep 01, 2024 IST | Sonu Kishor
buxar news  पटना बक्सर nh पऽ देर रात ले चलल पुलिस के ताबड़तोड़ छापामारी
प्रेस वार्ता के दौरान बरामद पिस्टल बनाने के सामग्री के देखावत एसपी मनीष कुमार आ अन्य पुलिस अधिकारी
Advertisement

बक्सर में पुलिस के बहुत बड़ सफलता मिलल बा। पुलिस एगो मिनी गन फैक्ट्री के पर्दाफाश कऽ देले बिया। इ फैक्ट्री पटना-बक्सर राजमार्ग के किनारे एगो मकान में अवैध तरीका से काम करत रहे। बड़ पैमाना पs पिस्तौल के निर्माण होखत रहे। पुलिस के एह मिनी फैक्ट्री के बारे में जानकारी मिलल जवना के बाद उऽ कार्रवाई कइलस।

Advertisement

बक्सर पुलिस नया भोजपुर थाना अंतर्गत चंदा गांव में शनिचर के देर रात मिनी गन फैक्ट्री के खोज निकलले बिया। पटना-बक्सर एनएच 922 पs ठीक इस्थित रिटायर्ड शिक्षक वीरेंद्र श्रीवास्तव के घर में बड़ पैमाना पs पिस्तौल के निर्माण बड़ पैमाना पs गैरकानूनी तरीका से होखत रहे।

पुलिस के एकरा बारे में ठोस जानकारी मिलल रहे। एही आधार पs डुमरांव के एसडीपीओ अफक अख्तर अंसारी के नेतृत्व में नया भोजपुर थाना अउरी जिला खुफिया इकाई (डीआईयू) के टीम के मदद से तुरंत छापामारी कइल गइल। मौका से चार हथियार बनावे वाला कारीगर समेत कुल सात लोग के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा।

Tags :
Advertisement