For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Buxar News: डुमरांव बीएसएपी के शौचालय में लटकल मिलल जवान के शव

12:39 PM Sep 11, 2024 IST | Sonu Kishor
buxar news  डुमरांव बीएसएपी के शौचालय में लटकल मिलल जवान के शव
बक्सर के डुमरांव के बीएसएपी में पुलिस जवान के शव मिलल
Advertisement

बक्सर जिला के डुमरांव में इस्थित बिहार विशेष सशस्त्र पुलिस-4 के परिसर में एगो जवान के लाश शौचालय में लटकल मिलल बा। बीएसएपी के अधिकारी बतावत बाड़े कि कंपनी-सी में तैनात जवान अजय कुमार राय दु दिन से लापता रहले। इ जानकारी मुख्यालय के दिहल गइल। बाकिर केहु के अंदाज़ा ना रहे कि जवान के लाश शौचालय में पड़ल बा।

Advertisement

डुमरांव बीएसपी में पहिलहू अइसन घटना भइल बा

डुमरांव बीएसएपी परिसर में भी अइसन घटना पहिलहु होखत रहल बा। एह साल 25 फरवरी के  सहरसा निवासी गोपाल कृष्ण सिंह के लाश बैरक के लगे लटकल मिलल रहे। जून 2022 के डुमरांव इस्थित प्रशिक्षण केंद्र में बीएसएपी-4 के जवान गया निवासी भोला प्रजापति के लाश मिलल रहे। 2023 में कैमूर जिला के भभुआ निवासी एसआई शंकर राम के संदिग्ध परिस्थिति में एही परिसर में मौत हो गइल रहे।

असल में परिसर में एगो अलग से टॉयलेट कॉम्प्लेक्स बा, जवना के एगो टॉयलेट के दरवाजा भीतर से बंद रहे। एकरा पs केहु के ध्यान ना दिहलस। लाश से दुर्गन्ध निकले लगला के बाद घटना सोझा आइल। शौचालय के दरवाजा भीतर से बंद रहे, जवन तूड़ के लाश के बाहर निकालल गइल। मरेवाला जवान सुपौल के निवासी रहले। उनकर उमिर करीब 35 साल बतावल जात बा।

Tags :
Advertisement