टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बिहार में राज्यसभा के दु गो सीटन पऽ उपचुनाव के घोषणा, 14 से 21 अगस्त तक चली नामांकन प्रक्रिया

03:19 PM Aug 07, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

बिहार में राज्यसभा के दू सीट पs उपचुनाव के घोषणा हो गइल बा। मिसा भारती आ विवेक ठाकुर के लोकसभा चुनाव जीत के सांसद बनला का बाद दू गो सीट खाली हो गइल रहे। चुनाव आयोग के ओर से 14 अगस्त के अधिसूचना के बाद 21 अगस्त तक नामांकन प्रक्रिया जारी रही। 22 अगस्त के जांच करावल जाई आ नामांकन वापस लेबे के समय 27 अगस्त ले दिहल गइल बा।

Advertisement

बिहार में खाली पड़ल दू गो राज्यसभा सीट पs बुध के दिने भारत के चुनाव आयोग उपचुनाव के एलान कइलस। आयोग के मुताबिक मिसा भारती आ विवेक ठाकुर के लोकसभा सदस्य बनला के चलते राज्यसभा के दुनो सीट खाली हो गइल रहे। एह खाली सीट पs तीन सितंबर के चुनाव करावल जाई।

चुनाव के कार्यक्रम के बारे में बतावल गइल बा

चुनाव आयोग के ओर से 14 अगस्त के अधिसूचना के बाद 21 अगस्त तक नामांकन प्रक्रिया जारी रही। 22 अगस्त के जांच करावल जाई आ नामांकन वापस लेबे के समय 27 अगस्त ले दिहल गइल बा। 3 सितंबर के सबेरे नौ बजे से साँझ चार बजे ले मतदान होखी। ओही दिन साँझ पाँच बजे से मतगणना तय कइल गइल बा।

बता दीं कि राज्यसभा में मीसा भारती के कार्यकाल 7 जुलाई 2028 तक रहे अवुरी विवेक ठाकुर के कार्यकाल 9 अप्रैल 2026 तक रहे। एकरा से पहिलहु दुनो लोग लोकसभा चुनाव में जीत हासिल कइले रहले। पटलीपुत्र लॉस सीट से मीसा भारती सांसद बनल बाड़ीम एकरा संगे-संगे नवादा संसदीय सीट से चुनाव जीत के विवेक ठाकुर संसद पहुंचल बाड़े।

Tags :
bihar newsBIHAR Patnabihar polticsElection Biharkhbar bhojpuri newsRJD BIHAR
Advertisement
Next Article