For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बिहार के 4 सीटन पs 52.83% वोटिंग: बेलागंज में सबसे जादे मतदान 

08:48 PM Nov 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बिहार के 4 सीटन पs 52 83  वोटिंग  बेलागंज में सबसे जादे मतदान 
Advertisement

बिहार के चार विधानसभा सीटन तरारी, बेलागंज, इमामगंज आ रामगढ़ में उपचुनाव खातिर मंगर के मतदान खत्म हो गइल। चार सीटन पs सांझ छव बजे तक कुल 52.83% फीसदी वोटिंग भइल। सबसे जादे बेलागंज में 56.21% मतदान भइल।

Advertisement

मतदान के बीच तरारी में दु पक्षन के बीच झड़प हो गइल। एमे एगो जुवक के माथा फट गइल। ओहिजा, दूसरका पक्ष के लोगन के चोट आइल बा। बिहटा पंचायत के धर्मपुरा गांव के बूथ संख्या 223 पs एगो पार्टी के वोट देवे के लेके विवाद भइल बा। ओहिजा, रामगढ़ में वोटिंग के बीच शराब से भरल टैंकर जब्त कइल गइल बा।

उपचुनाव खातिर कुल 38 उम्मीदवार मैदान में उतरल रहे लो। एह लोगन के भाग्य के फैसला आज EVM में बंद हो गइल। एह चुनाव में प्रशांत किशोर के पार्टी जनसुराजो मैदान में बिया। प्रशांत किशोर के पार्टी पहिले बेर चुनाव लड़ रहल बा।

गया के नक्सल प्रभावित इमामगंज में सुरक्षा के खास इंतजाम कइल गइल रहे। इहां 346 बूथ बनावल गइल रहे। एमे से 320 अति संवेदनशील बूथ रहे। एह बूथन पs सबेरे सात बजे से सांझ चार बजे तक वोटिंग भइल। खाली 26 बूथ पs सांझ छव बजे तक वोटिंग भइल।

एह चार सीटन में से तीन पs पिछला बेर महागठबंधन के कब्जा , जबकि इमामगंज से केंद्रीय मंत्री जीतनराम मांझी जीतल रहस। चारो सीटन पs पूर्व सीएम मांझी समेत कइयन सीनियर लीडर्स के बेटा-पतोह मैदान में बा लो।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Advertisement