For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बिहार के चार सीटन पs उपचुनाव के घोषणा आज

12:22 PM Oct 15, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बिहार के चार सीटन पs उपचुनाव के घोषणा आज
बिहार के चार सीटन पs उपचुनाव, झारखंड आ महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव के संगे करावल जाई। इलेक्शन कमीशन विज्ञान भवन में साढ़े तीन बजे प्रेस ब्रीफिंग बोलवले बा।
Advertisement

बिहार के चार सीटन पs उपचुनाव के घोषणा आज होई। चुनाव आयोग तारीख के ऐलान करी। बिहार के चार सीटन पs उपचुनाव, झारखंड आ महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव के संगे करावल जाई। इलेक्शन कमीशन विज्ञान भवन में साढ़े तीन बजे प्रेस ब्रीफिंग बोलवले बा।

Advertisement

लोकसभा गइला के बाद चारो सीट भइल बा खाली

बिहार में तरारी, रामगढ़, बेलागंज आ इमामगंज सीट खाली बा। लोकसभा चुनाव 2024 में एह चारो सीट के विधायक लोकसभा पहुंचल बा लो। रामगढ़ में RJD के सुधाकर सिंह, तरारी में CPI माले के सुदामा प्रसाद, बेलागंज में RJD के सुरेंद्र यादव आ इमामगंज में हम के जीतनराम मांझी के लोकसभा चुनाव में जीत के बाद ई सीट खाली भइल बाड़ी सs।

Tags :
Advertisement