For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Sultanpur: रंजिश में पूर्व प्रधान प्रत्याशी के गोली मारके हत्या, बाइक सवार कइले हमला

11:14 AM Oct 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
sultanpur  रंजिश में पूर्व प्रधान प्रत्याशी के गोली मारके हत्या  बाइक सवार कइले हमला
Advertisement

Advertisement

सुल्तानपुर जिला के बल्दीराय थाना क्षेत्र के अशरफपुर गांव में बुध के सबेरे-सबेरे जगत यादव (28 साल) के बेटा इच्छा नाथ यादव घर से खेत में जात रहले। गांव से करीब 300 मीटर दूर बाइक सवार अनजान लोग उनुका के गोली मार देले। गोली लगला के चलते उनुकर मौका पs मौत हो गईल।

हमलावर अपराध कईला के बाद मौका से फरार हो गईले। हत्या के घटना के चलते गांव के लोग में नाराजगी मचल बा। मौका प पुलिस मौजूद बिया।

मरेवाला पछिला प्रधान चुनाव में अशरफपुर गांव से भी लड़ले रहले, जवना में उs हार गईल रहले। एह घटना के चुनावी प्रतिद्वंद्विता से भी जोड़ल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement