टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जयप्रकाश विश्वविद्यालय में नामांकन के तिथि बढ़ल: 10 जुलाई तक अभ्यर्थी ले सकी लो प्रवेश, दूसरका सूची जारी

10:00 AM Jul 10, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय में चार वर्षीय स्नातक सीबीसीएस पाठ्यक्रम सत्र 2024-28 के पहिला सूची में सामिल अभ्यर्थियन के नामांकन के तिथि 10 जुलाई तक विस्तारित कs दिहल गइल बा। जानकारी के मोताबिक तारीख विस्तारण के ई अंतिम मवका बा। एकरा बाद कवनो परिस्थिति में नामांकन के तिथि विस्तारित ना कइल जाई।

Advertisement

नया छात्र-छात्रा लोगन खातिर 10 जुलाई के ओरिएंटेशन होई आ 11 जुलाई से कक्षा प्रारंभ होई। ओहिजा नामांकन के दूसरका सूची जारी कs दिहल गइल बा। एह अभ्यर्थियन के नामांकन 10 जुलाई से 15 जुलाई तक चली। मालूम होखे कि पहिला मेधा सूची में सामिल अभ्यर्थियन खातिर नामांकन के अंतिम तिथि पहिले पांच जुलाई निर्धारित कइल गइल रहे। जवना के विस्तारित कs के आठ जुलाई कs दिहल गइल रहे।

एह बीच अलग-अलग कारणन से बड़ संख्या में नामांकन से वंचित छात्र-छात्रा लोगन के अनुरोध पs कुलपति प्रो. परमेंद्र कुमार बाजपेई 10 जुलाई तक तिथि विस्तारित करे के निरदेस देले बाड़ें।

Tags :
Admission Date ExtendedBhojpuri NewsCBCS ModeChhapra NewsJay Prakash UniversityJP UniversityVC Pro. Parmendra Kumar Vajpayee
Advertisement
Next Article