टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: एs 10 देशन के अभ्यर्थी सs कइलें डीडीयू में प्रवेश आवेदन- 17 राज्य के लइका भी शामिल

08:13 AM May 18, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

बाकी राज्य के अलावे दस देश के अभ्यर्थी कुल  दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में आपन रुचि देखवले बाड़े। भारत सरकार के 'स्टडी इन इंडिया' पोर्टल के माध्यम से 42 विदेशी छात्र आवेदन कईले बाड़े। यूपी के अलावे देश के 17 राज्य से अभ्यर्थी भी रजिस्ट्रेशन करा चुकल बाड़े।

विदेशी देशन के बात कइल जाव तs नेपाल, माली, बांग्लादेश, सेनेगल, घाना, नाइजिरिया, अफगानिस्तान, वेनेजुएला, लेसोथो आ मिस्र के उम्मीदवार प्रवेश खातिर आवेदन कइले बाड़न. एहमें नेपाल से सात गो आ दोसरा देश से ३५ गो आवेदन मिलल बा.

विश्वविद्यालय में दाखिला खातिर ऑनलाइन आवेदन के प्रक्रिया चल रहल बा। अबे ले कुल दस देश के उम्मीदवार विभिन्न स्नातक अवुरी स्नातकोत्तर पाठ्यक्रम खातीर आवेदन कईले बाड़े।

प्रवेश प्रकोष्ठ के निदेशक प्रो. हर्ष कुमार सिन्हा के मुताबिक अधिकतम आवेदन बिहार से आईल बा। बिहार से कुल 729 उम्मीदवार आवेदन कईले बाड़े। जवना राज्यन से आवेदन आइल बा ओह राज्यन में बिहार, झारखंड, पश्चिम बंगाल, उड़ीसा, त्रिपुरा, नागालैंड, असम, दिल्ली, उत्तराखंड, हरियाणा, पंजाब, हिमाचल प्रदेश, राजस्थान, मध्य प्रदेश, महाराष्ट्र, गुजरात आ केरल शामिल बा.

कुलपति प्रो. पूनम टंडन कहली कि 10 देश के उम्मीदवार के विश्वविद्यालय में दाखिला खातीर आवेदन कईल एगो बड़ उपलब्धि बा। राष्ट्रीय आ अंतर्राष्ट्रीय रैंकिंग में जगह बना के ई संभव भइल बा.

 

 

 

Tags :
Candidates from these 10 countries applied for admission in DDUDduDeendayal Gorakhpur Universityeducation newsgorakhpur newsVice Chancellor Prof. Poonam Tandonकुलपति प्रो. पूनम टंडनडीडीयूदीनदयाल गोरखपुर विश्वविद्यालयशिक्षा न्यूज़
Advertisement
Next Article