For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

नइखे आवत नींद, पूरा रात बदलऽ तानी करवट, अपनाइ ई ट्रिक कब सुतब पतो ना चली

09:51 PM May 24, 2024 IST | Sonu Kishor
नइखे आवत नींद  पूरा रात बदलऽ तानी करवट  अपनाइ ई ट्रिक कब सुतब पतो ना चली
Advertisement

Good sleep tips : आज हम रउआ के कुछ अइसन ट्रिक बतावे वाला बानी जवना से रउआ एक मिनट के भीतर नींद आ जाई आ रउआ पतो ना चली कि कब सुत गइनी; तऽ चली जानल जाव स्लीपिंग टिप्स आ ट्रिक।

Advertisement

Sleeping trick : का रउआ उऽ लोगन में से बानी जेकरा नींद (sleep) ना आवे। रात भर करवट बदलत रहेला बेड पs। पूरा दिन रउआ थकल महसूस करेनी। कवनो काम में मन ना लागे, तऽ फेर आज हम रउआ के कुछ अइसन ट्रिक बतावे वाला बानी जवना से रउआ एक मिनट (easy step to get sleep) के भीतर नींद आ जाई आ रउआ पतो ना चली कि कब सुुत गइनी।

नींद लिआवे के टिप्स आ ट्रिक

बेड पs गइला के बाद नींद ना आवल तऽ आम हो गइल बा। हम जवना ट्रिक के बारे में बतावे जा रहल बानी उऽ सैनिक लो अपनावेला। बस रउआ बेड पs लेट जाए के बा आ अपना पूरे शरीर के बिल्कुल रिलैक्स छोड़ देवे के बा आ अंगुरियो के ढीला राखे के बा। एकरा बाद रउआ फील करब रउआ सिर से लेके पैर ले सनसनाहट हो रहल बा। रउआ के एह एहसास से चुटकियन में नींद आ जाई।

जब रउआ एह ट्रिक के अपनाइ तऽ अपना दिमाग में कवनो तरे के विचार ना लीआई। रउआ दू मिनट के भीतर नींद आ जाई। हालांकि ई एगो योगाभ्यास के तरे बा जवना रउआ रोज करब, तबे जाके राउर स्लीपिंग हैबिट सुधरी।

इस ट्रिक के रउआ 21 दिन ले लगातार अपनावे के बा, फिर देखीं कइसे मिनट भर में नींद आ जाई। एकरा अलावा  रउआ आउरो ट्रिक अपना सकत बानी, जइसे- रउआ सुते से पहिले गरम पानी से नहा के सुती, एक गिलास दूध पीके सुती, इहो मददगार बा नींद लिआवे में। एकरा अलावा तिल के मालिश कइला से भी नींद आवेला आसानी से। उहे, रउआ पुदीना के पतइ के एक कप पानी में उबाल के पी सकत बानी, इहो बहुत मदगार बा।

नोट: सलाह सहित ई सामग्री खाली सामान्य जानकारी हऽ। ई कवनो तरे से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे। अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपने चिकित्सक से परामर्श करीं। खबर भोजपुरी एह जानकारी खातिर ज़िम्मेदारी के दावा नइखे करत।

Tags :
Advertisement