टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कार के एयरबैग लिहलस मासूम के जान, माई के गोदी में बैठ के यात्रा करत रहे लइकी

12:51 PM Sep 30, 2024 IST | Minee Upadhyay
दुर्घटना: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

केरल के मलप्पुरम जिला से एगो चौंकावे वाला खबर सामने आइल बा. इहाँ एगो कार दुर्घटना के बाद एयरबैग खुलला के चलते दु साल के बच्ची के दम घुटले से मउत हो गईल।  पुलिस अतवार के दिने एह घटना के जानकारी दिहलस. घटना शुक के सांझ के भईल, जब लईकी अपना परिवार के लोग के संगे कोट्टक्कल से पदपराम्बु जात रहे।

पुलिस के मुताबिक गाड़ी एगो टैंकर से टकरा गईल। टक्कर के चलते अचानक एयरबैग खुल गईल।एs दौरान महतारी के गोदी में आगे के सीट पs बईठल लईकी के चेहरा एयरबैग में दब गईल। एकरा चलते दम घुटला के चलते ओकर मउत हो गईल। पुलिस के कहनाम बा कि, महतारी समेत चार अवुरी यात्री के मामूली चोट पहुंचल बा।

एयरबैग एगो मजबूत कपड़ा से बनल गुब्बारा निहन कवर होखेला, जवन कि गाड़ी के भीतर ड्राइवर अवुरी सवारी के सोझा लगावल जाला। दुर्घटना के स्थिति में जब गाड़ी अचानक रुक जाले चाहे कवनो चीज़ से टकरा जाले तs एयरबैग तेजी से हवा से फुला जाला। इs फुलल एयरबैग ड्राइवर अवुरी सवारी के आगे धकेले से रोकेला, जवन कि गंभीर चोट से बचावे में मदद करेला।

 

 

 

 

Tags :
accidentCar accidentKeralaThe car's airbag took the life of an innocent child
Advertisement
Next Article