टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रांची: रात के अंहार में बिजली के खंभा से टकराईल कार, पिलर के भइल तीन टुकड़ा; चार के मउत

11:48 AM Dec 28, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

झारखंड के रांची में बुध देर रात एगो कार बिजली के खंभा से टकरा गईल। एह भयावह दुर्घटना में चार युवक के मउत के खबर बा। पुलिस के कहनाम बा कि, इ दुर्घटना सबेरे करीब साढ़े डेढ़ बजे शहर के सदर थाना क्षेत्र में बूटी चौक अवुरी डुमरदगा के बीच भईल। सदर थाना के प्रभारी लक्ष्मीकांत कहले कि, कार बिजली के खंभा से टकरा गईल अवुरी ओकरा बाद पलट गईल।असर एतना तेज रहे कि खंभा तीन टुकड़ा में टूट गईल। गाड़ी के रफ्तार बहुत तेज रहे।

Advertisement

मरेवालन सभे के उमिर 30 साल रहे

सदर थाना प्रभारी बतवले कि सूचना मिलते पुलिस तुरंत मउका पs पहुंचल अवुरी कार दुर्घटना में घाही सभ युवक के 'राजेंद्र इंस्टीट्यूट ऑफ मेडिकल साइंस' (रिम्स) ले जाइल गईल। अस्पताल पहुंचते डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले। थाना प्रभारी लक्ष्मीकांत कहले कि, सभके उमर करीब 30 साल रहे।उ बतवले कि इs सभ लोग रांची के बारियातु बस्ती के निवासी हवे।

रिटायर्ड एसीपी टैक्सी से टकरा के आपन जान गँवा दिहलस

एगो अउरी कार दुर्घटना में महाराष्ट्र के मुंबई के सेवरी इलाका में तेज रफ्तार टैक्सी के चपेट में आके एगो रिटायर्ड सहायक पुलिस आयुक्त के मउत हो गईल। पुलिस के कहनाम बा कि नशा में धुत्त टैक्सी चालक रिटायर्ड सहायक पुलिस आयुक्त मोहम्मद जावेद (72 साल) के टक्कर मार दिहलस, जवना के नतीजा में उनुकर मउत हो गईल। एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि मंगलवार के रात करीब 11 बजे भाऊचा धक्का के नजदीक वाई जंक्शन पs जावेद टहले निकलल रहले। उ बतवले कि गलत ओर से आवत टैक्सी उनुका के टक्कर मार देलस। पुलिस पीसीआर से जावेद के सरकारी जेजे अस्पताल ले जाइल गइल बाकिर ओहिजा उनुका के मृत घोषित कs दिहल गइल।

 

 

 

Tags :
Car accidentjharkhandRanchi
Advertisement
Next Article