टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रेलवे में पैरामेडिकल पदन पs अइसे होला भरती, इहां से जानीं पात्रता से लेके चयन के पूरा डिटेल

11:17 AM Sep 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

रेलवे के ओर से पैरा मेडिकल कैटेगरी के अंतर्गत अलग-अलग पदन पs भरती निकालल गइल बा। एह कैटेगरी के तहत रउआ डायटीशियन, नर्सिंग सुप्रिटेंडेंट, डेंटल हाइजीनिस्ट, थेरेपिस्ट, ईसीजी टेक्नीशियन, लेबोरेटरी असिस्टेंट, फील्ड वर्कर सहित अलग-अलग पदन पs जॉब पा सकत बानी। अइसन में जे अभ्यर्थी रेलवे में सरकारी नौकरी पावल चाहत बा आ मेडिकल क्षेत्र से बा लो ऊ पहिलही एकरा खातिर पात्रता आ चयन प्रक्रिया के जानकारी पहिलही प्राप्त कs लेवे लो, ताकी बाद में कवनो प्रकार के समस्या सामने ना आवे।

Advertisement

के कs सकी पैरा मेडिकल पदन पs आवेदन

एह भरती में आवेदन खातिर अभ्यर्थी कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय/ संस्थान से संबंधित क्षेत्र में 12th/ प्रोफेशनल/ टेक्निकल/ डिग्री/ डिप्लोमा/ आदि प्राप्त कइले होखे। एकरा संगही अभ्यर्थी के न्यूनतम आयु पदानुसार 18/ 19/ 20/ 21/ 22 वर्ष आ अधिकतम आयु 33/ 33/ 35/ 40 वर्ष से जादे ना होखे के चाहीं।

कइसे होई पैरा मेडिकल पदन पs चयन

जदि रउओ रेलवे में पैरा मेडिकल पदन पs भरती होखल चाहत बानी तs सबसे पहिले कंप्यूटर बेस्ड टेस्ट (CBT) से होके गुजरे के होई। जे केहू अभ्यर्थी सीबीटी में निर्धारित कटऑफ अंक प्राप्त कs ली ओकर डॉक्यूमेंट वेरिफिकेशन आ मेडिकल एग्जामिनेशन से होके गुजरे के होई। सब चरणन में सफल उम्मीदवारन के अंतिम मेरिट लिस्ट में जगह प्रदान कइल जाई।

परीक्षा पैटर्न

सीबीटी एग्जाम में उम्मीदवारन से बहुविकल्पीय प्रकार के 100 प्रश्न पूछल जाई। प्रश्न प्रोफेशन एबिलिटी से 70/ जनरल अवेयरनेस से 10/ जनरल अर्थमेटिक से 10/ जनरल इंटेलिजेंस आ रीजनिंग से/ 10/ जनरल साइंस से 10 प्रश्न पूछल जाई। प्रश्न पत्र हल करे खातिर उम्मीदवारन के 90 मिनट के समय प्रदान कइल जाई।

Tags :
Bhojpuri NewsCBT TestKnow the Full ProcessRailway NewsVacancy on Parmedical Posts
Advertisement
Next Article