टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Auto Sector: नया साल से चार फीसदी तक महंगा होइहें सs गाड़ी, उच्च खाद्य महंगाई से परेसान लोगन के जादे ढीला करे के होई पाकिट

11:58 AM Dec 10, 2024 IST | Anurag Ranjan
Automobile Industry - फोटो : PTI
Advertisement

Auto Sector: उच्च खाद्य महंगाई से परेसान लोगन के नया साल से गाड़ी किने खातिर अब आपन पाकिट जादे ढीला करे के पड़ी। कच्चा माल के लागत आ महंगाई में बढ़न्ती के आंशिक रूप से कम करे खातिर वाहन बनावे वाली कंपनी एक जनवरी से गाड़ियन के दाम बढ़ावे जा रहल बाड़ी सs।

Advertisement

मारुति सुजुकी इंडिया : चार फीसदी तक के बढ़न्ती

मारुति सुजुकी इंडिया परिचालन खर्च आ इनपुट लागत बढ़ला से वाहनन के कीमत चार फीसदी तक बढ़ावे के फैसला कइले बा। कीमतन में बढ़न्ती मॉडल के हिसाब से होई। हालांकि, लागत के अधिकतर हिस्सा कंपनी खुद वहन करी। कंपनी कहलस, अतिरिक्त खर्चन के वहन कइल अब संभव नइखे।

खबर भोजपुरी के ऑफिसियल चैनल के विजिट करीं : खबर भोजपुरी ऑफिसियल

ह्यूंडई : 25,000 तक बढ़न्ती

ह्यूंडई मोटर इंडिया एक जनवरी से गाड़ियन के कीमत 25,000 रुपिया तक बढ़ाई। कंपनी के मुख्य परिचालन अधिकारी तरुण गर्ग कहलें, कच्चा माल के बढ़त कीमत, रुपिया के कमजोरी आ महंगा परिवहन के वजह से कीमतन में बढ़न्ती जरूर हो गइल बा।

टाटा मोटर्स : 3% बढ़ी दाम

कंपनी नया साल से यात्री वाहनन के कीमतन में तीन फीसदी तक के बढ़न्ती करे के घोषणा कइले बिया। मूल्य बढ़न्ती मॉडल के आधार पs अलग-अलग होई।

महिंद्रा, एमजी मोटर आ किआ रेस में

महिंद्रा एंड महिंद्रा एक जनवरी से एसयूवी आ वाणिज्यिक वाहनन के कीमतन में तीन फीसदी तक बढ़न्ती करी। जेएसडब्ल्यू एमजी मोटर इंडिया अपना वाहनन के अलग-अलग मॉडल के दाम तीन फीसदी तक बढ़ाई। किआ इंडिया के कारन के कीमत एक जनवरी से दु फीसदी तक महंगा हो जाई।

लग्जरी कारो होईहें सs महंगा

मर्सिडीज बेंज : कंपनी के गाड़ियन नया साल से तीन फीसदी तक महंगा हो जाई। ई बढ़न्ती दु लाख से लेके 9 लाख रुपिया तक होई।

ऑडी : ट्रांसपोर्टेशन लागत बढ़े के कारण कंपनी अपना सब मॉडलन के कारन के कीमत 3 फीसदी तक बढ़ावे के फैसला कइले बिया।

बीएमडब्ल्यू इंडिया : एक जनवरी से कंपनी के कारन के किने खातिर तीन फीसदी तक जादे कीमत देवे के होई।

इहो पढ़ीं: Jammu Kashmir: पुंछ में बारूदी सुरंग विस्फोट में सेना के हवलदार बलिदान, एलओसी पs करत रहलें गश्त

Tags :
Auto SectorBhojpuri NewsCars price to be incrreasedHundaiMaruti Suzuki IndiaTata Motors
Advertisement
Next Article