For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Karnal News: मकान के ताला तुड़के नकदी आ कैमरा चोरी

11:15 AM Feb 24, 2024 IST | Minee Upadhyay
karnal news  मकान के ताला तुड़के नकदी आ कैमरा चोरी
Advertisement

करनाल शहर के सेक्टर-4 में एगो फोटोग्राफर के घर के ताला तूड़ के चोर दु लाख रुपिया अवुरी ओकरा अलमारी में राखल डीएसएलआर कैमरा चोरा लेलस। शिकायत के आधार पs पुलिस मामिला दर्ज कs जांच शुरू कs देले बिया।

Advertisement

सेक्टर चार के निवासी टैहल सिंह बतवले कि उs सांभली गांव के निवासी हवे अवुरी सेक्टर चार में रहत बाड़े। उनकर माई कई महीना से बेमार बाड़ी। 20 फरवरी के उs अपना पत्नी अवुरी बच्चा के संगे सांभली गांव में अपना महतारी के लगे गईले। सांभली से करनाल पहुंचले तs देखले कि घर के मुख्य दुआर के ताला गायब बा।

कुंडी टूट गइल रहे आ भीतर के सगरी सामान बिखर गइल रहे। भीतर से करीब 1.20 लाख अवुरी दु लाख रुपिया के डीएसएलआर कैमरा चोरी भईल मिलल। चोरी के शिकायत पुलिस में दर्ज करावल गइल बा। पुलिस मउका पs पहुंच के घर के निरीक्षण कs केस दर्ज कs जांच शुरू कs देले बा।

Tags :
Advertisement