टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar: ढाई करोड़ घूस लेला के फेर में NIA के डीएसपी गिरफ्तार; बिहार में जदयू नेत्री के बेटा से मंगले रहली रिश्वत

10:38 AM Oct 04, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

बिहार के गया जिला से बड़ खबर सामने आ रहल बा। 20 लाख रुपिया घूस लेत एनआईए के डीएसपी समेत दुगो एजेंट के सीबीआई गिरफ्तार कइले बा। ई ममिला जदयू के पूर्व एमएलसी मनोरमा देवी से संबंधित बा। गया शहर के एपी कॉलोनी इस्थित जदयू के पूर्व एमएलसी मनोरमा देवी के घर पs पिछला 19 सितंबर के एनआईए के टीम छापा मरले रहे। छापेमारी के दौरान 4.3 करोड़ रुपिया नगद आ कइयन गो हथियार बरामद कइल गइल रहे। एनआईए पटना शाखा के डीएसपी अजय प्रताप सिंह के नेतृत्व में छापेमारी कइल गइल रहे।

Advertisement

2.5 करोड़ रुपिया रिश्वत के मांग कइल गइल रहे

डीएसपी के ओर से नक्सली ममिला में फंसावे के धमकी देके 2.5 करोड़ रुपिया रिश्वत के मांग कइल गइल रहे। रमैया कंस्ट्रक्शन के मालिक रॉकी यादव एनआईए के डीएसपी अजय प्रताप सिंह के खिलाफ रिश्वत मांगे के आरोप लगवले रहस। एकर शिकायत सीबीआई से कइल गइल रहे। जांच में एह शिकायत के पुष्टि होखला के बाद सीबीआई के टीम गया से डीएसपी के दुगो एजेंट के रिश्वत के 20 लाख रुपिया के संगे बियफे के देर रात गिरफ्तार कइले बा। ओहिजा, पटना से एनआईए के डीएसपी अजय प्रताप सिंह के गिरफ्तार कइल गइल बा। सीबीआई के ओर से डीएसपी के घर सहित यूपी तक के रिश्तेदारन के घरन पs छापा मारल गइल।

सीबीआई के टीम कइले बिया कार्रवाई

जदयू के पूर्व एमएलसी मनोरमा देवी के पीए रविंद्र यादव एनआईए छापेमारी के पीछे कवनो राजद के कद्दावर नेता के होखे के आशंका जतावल गइल बा। नक्सल गतिविधि में फंसावे आ रॉकी यादव के राहत देवे के नाम पs 2.5 करोड़ रुपिया के रिश्वत मांगल गइल रहे। एही के तहत रिश्वत के पहिला किस्त 20 लाख रुपिया के संगे डीएसपी के दुगो एजेंट के गया से सीबीआई के टीम गिरफ्तार कइले बिया। सीबीआई के टीम 6 एसपी आ 4 डीएसपी रैंक के अधिकारी सामिल रहे लो।

Tags :
Bhojpuri Newsbihar newsCBI RaidNIA DSP Arrested
Advertisement
Next Article