टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रउरा साथे भी हो सकेला CBI के नाम पs स्कैम, जानीं कईसे बचे के बा? 

09:48 PM Aug 06, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

इंटरनेट के जमाना में अब ऑनलाइन घोटाला आम हो गइल बा. भारत में भी लोग के अलग-अलग तरीका से ऑनलाइन घोटाला के शिकार होखे के खबर रोज सामने आवत रहेला। हालात अइसन हो गइल बा कि अब घोटालाबाज लोग के धोखा देबे खातिर सीबीआई के नाम इस्तेमाल करे लागल बाड़े. अयीसन मामला के देखत अब सीबीआई खुद पहल कs के लोग के अयीसन घोटाला से बचे के सलाह देले बिया। हमनी के पूरा मामला के बारे में बतावत बानी.

सीबीआई अलर्ट जारी कs दिहलस

सीबीआई एगो अलर्ट जारी कs के कहले बिया कि सीबीआई के वरिष्ठ अधिकारी के नाम अवुरी पद के गलत इस्तेमाल कs के होखत घोटाला के बारे में सतर्क रहीं। खास कर के एह तरह के घोटाला में फर्जी दस्तावेज, डायरेक्टर सीबीआई समेत सीबीआई अधिकारी के हस्ताक्षर वाला फर्जी वारंट/समन इंटरनेट/ईमेल/व्हाट्सएप आदि पs धोखाधड़ी करे खातिर प्रसारित कइल जाला। सीबीआई के कहनाम बा कि मेल फर्जी लेटर हेड से आवेला। जवना के लेके सीबीआई एगो सलाहकार जारी कईले बिया।

एहतियात कइसे राखल जाव?

सीबीआई जानकारी देले बिया कि सार्वजनिक तौर पs उपलब्ध सीबीआई के लोगो के कुछ अपराधी अपना डिस्प्ले पिक्चर (डीपी) के रूप में गलत इस्तेमाल करत मुख्य रूप से व्हाट्सएप के माध्यम से पईसा वसूली खातीt फोन करतारे। जनता के सतर्क रहे के सलाह दिहल जाता अवुरी अयीसन घोटाला के शिकार मत होखे के चाही। अइसन कवनो प्रयास के तुरंत स्थानीय पुलिस के सूचित करीं।

 

 

 

Tags :
cbicrimeCrime NewsfraudOnline Fraudscam
Advertisement
Next Article