टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

करप्शन के जांच करत रहें CBI टीम, खुदे रिश्वत लेत धरल गइले अधिकारी

07:04 AM May 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

सीबीआई अपना विभाग के कुछ अधिकारी के खिलाफ कार्रवाई कईले बिया। संगही, मध्य प्रदेश के स्टेट नर्सिंग कॉलेज में भईल गड़बड़ी के जांच करत घरी घूस लेवे के आरोप में सीबीआई अपना एगो अधिकारी के रंगे हाथ गिरफ्तार क लेले बिया। नर्सिंग कॉलेज में होखे वाला गड़बड़ी के लेके मध्य प्रदेश हाईकोर्ट के आदेश पs जांच कईल जाता, जवना में बहुत अधिकारी भी शामिल बाड़े। सीबीआई सोमार के दिने कहलस कि मध्य प्रदेश के नर्सिंग कॉलेजन में गड़बड़ी से जुड़ल मामिला में ऊ घूस के बदले अनुकूल निरीक्षण रिपोर्ट देबे के आरोप में अपना एगो निरीक्षक के गिरफ्तार कs लिहले बिया जबकि एह मामिला में बारह गो अउरी लोग के भी गिरफ्तार कs लिहल गइल बा.

मध्य प्रदेश हाईकोर्ट के आदेश के बाद नर्सिंग कॉलेज में गड़बड़ी के लेके टीम बनावल गईल। एजेंसी के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि, सीबीआई जांच करावे खातीर सात कोर टीम अवुरी तीन से चार सपोर्ट टीम बनवले रहे, जवना में एजेंसी के अधिकारी, राज्य के नर्सिंग कॉलेज के ओर से नामित अधिकारी अवुरी पटवारी शामिल रहले।

जांच में पता चलल रिश्वत लेके इs नर्सिंग विभाग में कुछ लोगन के फायदा दे तारे.

सीबीआई 23 लोग के खिलाफ जांच शुरू कs देले बिया

सीबीआई के आंतरिक सतर्कता टीम 23 लोग के खिलाफ जांच शुरू कs देलस, जवना में सीबीआई निरीक्षक राहुल राज, सीबीआई के 3 अवुरी अधिकारी अवुरी बाकी लोग के खिलाफ मामिला दर्ज भईल।

सीबीआई शनिचर के दिने अनिल भास्कर आ उनुकर पत्नी सुमा अनिल से दस लाख रुपिया के घूस लेत इंस्पेक्टर राहुल राज रंगे हाथ गिरफ्तार भइले.

सीबीआई 31 लोकेशन पs छापामारी कईले बिया

एही मामिला में जांच के आगे बढ़ावत सीबीआई नई दिल्ली के टीम भोपाल, इंदौर, राथलम, जयपुर समेत 31 जगह पs छापामारी कs 2 करोड़ 33 लाख रुपिया, 4 सोना के बिस्कुट, 36 डिजिटल उपकरण, 150 संदिग्ध दस्तावेज बरामद कs लेलस।

साभार- NDtv इंडिया

 

Tags :
briberycbiCBI team was investigating corruptioncorruptionMadhya PradeshMadhya pradesh newsnursing collegeकरप्शनकरप्शन की जांच कर रही थी CBI टीमनर्सिंग कॉलेजमध्य प्रदेशमध्‍य प्रदेश न्यूज़रिश्वत
Advertisement
Next Article