टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

CBSE board :CBSE १०वीं-१२वीं के परीक्षा १५ फरवरी से

09:03 AM Nov 03, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

एजेंसी सीबीएसई साल 2024 के प्रैक्टिकल अवुरी थ्योरी एग्जाम्स के तारीख के घोषणा कईले बिया। आधिकारिक अधिसूचना के मुताबिक सीबीएसई कक्षा के दसवीं अवुरी बारहवीं के प्रैक्टिकल परीक्षा एक जनवरी 2024 से शुरू होई। थ्योरी के परीक्षा 15 फरवरी 2024 से शुरू होई अवुरी 10 अप्रैल 2024 तक जारी रही।

दसवीं के परीक्षा 21 मार्च ले खतम होखे के उमेद बा आ बारहवीं के परीक्षा 5 अप्रैल 2024 ले खतम होखे के उमेद बा। हर साल के तरह प्रैक्टिकल परीक्षा खातिर 30 फीसदी वेटेज निर्धारित बा। एकरा अलावे थ्योरी परीक्षा खातिर 70 प्रतिशत वेटेज निर्धारित तय बा। उम्मीद बा कि बोर्ड जल्दिए एकर विस्तृत डेटशीट जारी करी। हर साल 35 से 40 लाख छात्र दसवीं आ बारहवीं खातिर सीबीएसई में आपन पंजीकरण करावेलें। बोर्ड परीक्षा से बहुत पहिले डेटशीट अपना आधिकारिक वेबसाइट पs जारी कs दिही।

12वीं कक्षा के परीक्षा 

एह साल सीबीएसई बोर्ड के कक्षा 12 के परीक्षा 20 फरवरी के हिंदी पेपर से शुरू होई अवुरी 5 अप्रैल के साइकोलॉजी पेपर से खतम होई। बोर्ड के ओर से जारी आंकड़ा के मुताबिक 16 लाख छात्र 12वीं कक्षा खातीर रजिस्ट्रेशन करा चुकल बाड़े।

दसवीं कक्षा के परीक्षा 

परीक्षा दसवीं कक्षा के अंग्रेजी विषय से शुरू होखी आ दसवीं कक्षा के परीक्षा 21 मार्च के खतम होखी। बोर्ड के ओर से जारी आंकड़ा के मुताबिक दसवीं कक्षा में 18 लाख छात्र के पंजीकरण भईल बा।

 

 

Tags :
admit card 2023CBSE 10th-12th examinations from 15th FebruaryCBSE BOARDCBSE Board ExamCBSE Board Exam 2023CBSE board exam datecbse class 10th admit cardcbse class 12th admit cardcbse exam 2023cbse exam day guidelinesCBSEcbse admit cardcbseexamHigh Schoolintermediate exam
Advertisement
Next Article