टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर महोत्सव: भोजपुरी नाइट में कलाकार लोग लुटल महफिल; रवि किशन आ निरहुआ रंग जमावल लो रंग; कल्पना, अनुपमा आ शिल्पी जनता के झुमावल लो

11:06 AM Jan 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर महोत्सव में सुक के सांझ भगवान श्रीराम के नाम रहल। भोजपुरी नाइट के मंच मशहूर लोकगायिका कल्पना पटवारी, अनुपमा यादव आ शिल्पी राज रामभजनन से सजावल लो। सांसद रवि किशन आ दिनेश लाल यादव निरहुआ खूब रंग जमावल लो। भगवान श्रीराम के भजनन से सांझ भइल तs रात आउर आगे बढ़ल। देर रात श्रोता महोत्सव परिसर में जमल रहल लो आरऔर भोजपुरी गीतन के झूमके लुत्फ उठावल लो।

Advertisement

कार्यक्रम के सुरुआत अनुपमा यादव के गीतन से भइल। 'योगी जी की सेना चली' आ मेरे भारत का बच्चा-बच्चा' जइसन भजनन पs ऊ पब्लिक के झूमे पs मजबूर कs देलें। ओहिजा, शिल्पी राज मंच संभरली तs 'सबरी ने देखा सपनवां राम अइहें अंगनवां' से एह क्रम के बखूबी आगे बढ़वली।

शिल्पी के बाद सांसद रवि किशन मंच पs पहुंचलें आ 'श्रीराम-जानकी बैठे हैं मेरे सीने में' सुनाके माहौल के पूरा तरे राममय कs देलें। निरहुआ एही सिलसिला के आगे बढ़वलें आ एक के बाद एक श्रीराम भजनन से माहौल में जोश भर दिहलें। जबकि, कार्यक्रम के अंत में मंच पर आइल कल्पना के श्रोता लोग एह सर्द रात में पूररा गर्मजोशी से स्वागत कइल। कल्पना ने ओह लोगन के मान रखली आ कइयन गो जोरदार गीत सुनाके भोजपुरी नाइट के यादगार बना देली।

साभार : दैनिक भास्कर

Tags :
Anupma YadavBhojpuri NewsBhojpuri NightDinesh Lal Yadav NirahuaGorkhapur Mahotsavgorkhapur newsKalpana Patwariravi kishanShilpi Raj
Advertisement
Next Article