टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

केंद्रीय कर्मचारियन के महंगाई भत्ता में हो सकत बा बढ़न्ती: ई 50% से बढ़के 53% हो सकबा, आज कैबिनेट बैठक में फैसला संभव

12:33 PM Oct 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
एकर फायदा करीब 52 लाख केंद्रीय कर्मचारियन आ 60 लाख पेंशनर्स के होई। (फाइल फोटो)
Advertisement

केंद्रीय कर्मचारियन के मिले वाला महंगाई भत्ता (DA) में जल्दिये बढ़न्ती हो सकत बा। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार आज माने 16 अक्टूबर के होखे वाला कैबिनेट के बैठक में सरकार DA में बढ़न्ती पs फैसला ले सकत बा। सरकार 3% DA बढ़ा सकत बा। जदि अइसन होत बा तs ओकर महंगाई भत्ता 50% से बढ़के 53% हो जाई। एकर फायदा करीब 52 लाख केंद्रीय कर्मचारियन आ 60 लाख पेंशनर्स के होई।

Advertisement

का होला महंगाई भत्ता?

महंगाई भत्ता अइसन पईसा हs जवन महंगाई बढ़े के बावजूद सरकारी कर्मचारियन के जिनगी स्तर के बना के रखे खातिर दिहल जाला। ई पईसा सरकारी कर्मचारियन, पब्लिक सेक्टर के कर्मचारियन आ पेंशनधारकन के दिहल जाला।
एकर कैलकुलेशन देस के मवजूदा महंगाई के मोताबिक हर छव महीना पs कइल जाला। एकर गणना संबंधित वेतनमान के आधार पs कर्मचारियों के मूल वेतन के अनुसार कइल जाला। महंगाई भत्ता शहरी, अर्ध-शहरी भा ग्रामीण क्षेत्र के कर्मचारियन के अलग-अलग हो सकत बा।

महंगाई भत्ता के कैलकुलेशन कइसे होला?

महंगाई भत्ता निर्धारण खातिर एगो फॉर्मूला दिहल गइल बा। केंद्र सरकार के कर्मचारियन खातिर ई फॉर्मूला बा [(पिछला 12 महीना के ऑल इंडिया कंज्यूमर प्राइस इंडेक्स (AICPI) के औसत - 115.76)/115.76]×100।अब जदि PSU (पब्लिक सेक्टर यूनिट्स) में काम करे वाला लोगन के महंगाई भत्ता के बात कइल जाव तs एकर कैलकुलेशन के तरीका ई बा- महंगाई भत्ता प्रतिशत= (बीतल 3 महीनन के उपभोक्ता मूल्य सूचकांक के औसत (बेस ईयर 2001=100)-126.33))x100

ऑल इंडिया कंज्यूमर प्राइस इंडेक्स का हs?

भारत में दु तरे के महंगाई होला। एगो रिटेल माने खुदरा आ दूसरका थोक महंगाई होला। रिटेल महंगाई दर आम ग्राहकन के तरफ से दिहल जाये वाला कीमतन पs आधारित होला। एकरा के कंज्यूमर प्राइस इंडेक्स (CPI) कहल जाला।

DA के बाद केतना फायदा होई?

एकरा खातिर नीचे लिखल फॉर्मूला में आपन सैलरी भरीं..(बेसिक पे ग्रेड पे) × DA% = DA अमाउंट

आसान भाषा में समझल जाव तs बेसिक सैलरी में ग्रेड सैलरी के जोड़े के बाद जवन सैलरी बनेला, ओमे महंगाई भत्ता के दर के गुणा कइल जाला। जवन नतीजा आवेला, ओकरे के महंगाई भत्ता माने डेअरनेस अलाउंस (DA) कहल जाला। अब एकरा के एगो उदाहरण से समझल जाव, मान लिही राउर बेसिक सैलरी 10 हजार रुपिया आ ग्रेड पे 1000 रुपिया बा।

दुनो के जोड़ला पs टोटल 11 हजार रुपिया भइल। अब बड़े वाला 50% महंगाई भत्ता के लिहाज से देखल जाव, तs ई 5,500 रुपिया भइल। सबका के जोड़के राउर टोटल सैलरी 16,500 रुपिया भइल। ओहिजा 46% DA के लिहाज से 16,060 रुपिया सैलरी मिल रहल बा। माने 4% DA बढ़ला के बाद हर महीना 440 रुपिया के फायदा होई।

Tags :
Bhojpuri NewsCentral Cabinet MeetingCentral Employees Da Hike
Advertisement
Next Article