For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Chaiti Chhath Puja 2024: कब बा चैती छठ पूजा? जानीं नहाय खाय, पूजा विधि, पूजन सामग्री आ अर्घ्य के सही समय

11:45 AM Mar 31, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
chaiti chhath puja 2024  कब बा चैती छठ पूजा  जानीं नहाय खाय  पूजा विधि  पूजन सामग्री आ अर्घ्य के सही समय
Advertisement

Chaiti Chhath Puja 2024: छठ पूजा साल में 3 बेर होला। एक बेर चइत महीना में, दूसरका बेर कार्तिक महीना में आ तीसरका बेर भादो में। छठ पूजा व्रत सब बरत आ त्योहारन में कठिन हs। छठ पूजा के परब बहुते पवित्र आ पावन होला। छठ पूजा में शुद्धता के विशेष धेयान रखल जाला। एह परब में महिला लोग अपना लईका आ मरद के दीर्घायु के कामना खातिर छठ पूजा के बरत रखेला लो। छठ पूजा के परब बड़ी श्रद्धा आ विश्वास के संगे रखल जाला। छठ पs छठी मइया के पूजा कइल जाला आ भगवान सूर्य देव के अर्घ्य दिहल जाला। धार्मिक मान्यता बा कि छठ परब करे से संतान प्राप्ति के इच्छा पूरा होला। एकरा संगही भगवान सूर्य देव के आशीर्वाद बनल रहेला। आईं जानल जाव नहाय-खाय, पूजा विधि आ कर महातम…

Advertisement

चइत छठ परब 2024 के सुभ तिथि

छठ पूजा के परब चार दिन के होला। छठ पूजा के सुरुआत नहाय खाय से होला आ सूर्योदय के अर्घ्य देके पारन कइला के बाद समाप्त होला। एह साल चइती छठ पूजा के सुरुआत 12 अप्रिल से होई आ समाप्ति 15 अप्रिल के पारन कइला के संगे होई।

  • 12 अप्रिल 2024 दिन सुक के नहाय खाय ।
  • 13 अप्रिल 2024 दिन सनीचर के खरना।
  • 14 अप्रिल 2024 दिन अतवार के सांझ वाला अर्घ्य।
  • 15 अप्रिल 2024 दिन सोमार के उगत सूरज के अर्घ्य आ पारन कइल जाई।

छठ पूजा के दिन अर्घ्य देवे के विधि

  • एगो बांस के सूप में केला आ आउर फल, प्रसाद, उख आदि रखके ओकरा के पियर कपड़ा से ढक दीं।
  • एकरा बाद दीया जराके सूप में रखीं आ सूप के दुनो हाथन में लेके अस्त होखत सुरुज देव के अर्घ्य दीं।
  • अर्घ्य देत घरी सूर्य मंत्र (ॐ एहि सूर्य सहस्त्रांशों तेजोराशे जगत्पते।
  • छठ परब के अंतिम दिन सप्तमी के भोर में सुरुज देव के अर्घ्य दिहल जाला। सप्तमी के भोरे उगत सूरुज के अर्घ्य देवे के परंपरा बा।
  • छठी माई से अपना संतान के रक्षा आ पूरा परिवार के सुख शांति के आसिरबाद मांगल जाला।
  • पूजा के बाद व्रत करे वाली महिला कांच दूध के शरबत आ तनिका प्रसाद ग्रहण कs के व्रत के पूरा करेला लो, जवना के पारन कहल जाला।

छठ पूजा पूजा सामग्री

बांस भा पीतल के सूप, दूध आ जल खातिर गिलास, चम्मच, सूरुजे के अर्घ्य देवे खातिर तांबा के कलश, बड़ टोकरी, थाली, दीपक, खाजा, गुजिया, गुड़, दूध से बनल मिठाई, लड्डू, दूध, जल, शहद, गंगाजल, चंदन, चावल, सिंदूर, धुपबत्ती, कुमकुम, कपूर, मिट्टी के दीया, तेल आ बाती, नारियल, ऋतुफल, कलावा, सुपारी, फूल आ माला, शरीफा, नाशपाती, बड़ वाला नींबू, सिंघाड़ा, सुथनी, शकरकंदी, मूली, बैंगन, हल्दी, अदरक के पवधा, पत्ता लागल ईख, केरा, गेहूं, चावल, आटा इत्यादि। ई छठ परब खातिर कुछ सामान्य पूजन सामग्री बा, एकरा अलावे रउआ अपना क्षेत्र के परंपरा आ क्षमतानुसार चीजन के पूजन सामग्री में सामिल कs सकेनी।

Tags :
Advertisement